Thawe Mandir Theft : थावे मंदिर में कड़ा सुरक्षा के बादो माता के मुकुट चोरी, पुलिस जांच में जुटल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2025

गोपालगंज (बिहार): बिहार के गोपालगंज जिला से एगो बड़ आ सनसनीखेज ममिला सामने आइल बा। जिला के प्रसिद्ध धार्मिक स्थल थावे दुर्गा मंदिर में देर रात चोर बड़हन चोरी के वारदात के अंजाम देलें सs।

Share

Gold and silver crown stolen from Thawe Durga Temple in Gopalganj Bihar despite high security

गोपालगंज (बिहार): बिहार के गोपालगंज जिला से एगो बड़ आ सनसनीखेज ममिला सामने आइल बा। जिला के प्रसिद्ध धार्मिक स्थल थावे दुर्गा मंदिर में देर रात चोर बड़हन चोरी के वारदात के अंजाम देलें सs। मंदिर प्रशासन आ श्रद्धालुअन के मोताबिक, अज्ञात चोर मंदिर में घुसके मां दुर्गा के प्रतिमा से सोना-चांदी के मुकुट, हार, छतरी आ आउर कीमती गहना चोरी कs के फरार हो गइलें सs।

बतावल जा रहल बा कि चोर मंदिर परिसर में लागल लॉकर तोड़ के चोरी के अंजाम देलें सs, जवना के बाद मंदिर प्रशासन आ श्रद्धालुन में भारी नाराजगी देखे के मिल रहल बा।

पिछिला रास्ता से घुसल रहलें सs चोर

पुलिस अधीक्षक अवधेश दीक्षित बतवलें कि ई चोरी रात करीब 11:30 बजे से 12 बजे के बीच भइल। दुगो अज्ञात चोर, जवन चेहरा पs मास्क लगवले रहलें सs आ मंदिर के पिछिला रास्ता से सीढ़ी के सहारा लेके अंदर घुसलें सs। चोरन के लगे कटर रहे, जवना से ऊ मंदिर के ताला काट के मां दुर्गा के सोना के मुकुट, छतरी आ आउर आभूषण चोरी कइलें सs। वारदात के बाद चोर ओहि रास्ता से फरार हो गइलें सs।

FSL आ डॉग स्क्वायड से जांच

घटना के जानकारी मिलतही पुलिस फौरन मौका पs पहुंचल आ मंदिर परिसर के कब्जा में लेके जांच सुरू कइलस। एफएसएल टीम आ डॉग स्क्वायड के बोलावल गइल बा। वैज्ञानिक तरीका से सबूत जुटावल जा रहल बा। संगही मंदिर आ आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज के गहन जांच हो रहल बा। पुलिस हर एंगल से ममिला के जांच में जुटल बिया आ जल्दिये आरोपियन के पहचान आ गिरफ्तारी के दावा कs रहल बिया।

सुरक्षा बेवस्था पs उठल सवाल

एसपी अवधेश दीक्षित कहलें कि मंदिर के सुरक्षा बेवस्था के गंभीरता से समीक्षा कइल जा रहल बा। मंदिर में तैनात निजी सुरक्षा गार्ड के भूमिका पs नजर रखल जाई। कवनो तरे के लापरवाही पावल गइला पs ओह लोगन खिलाफ सख्त कार्रवाई कइल जाई। संगही भविष्य में मंदिर के सुरक्षा आउर मजबूत करे के योजना बनावल जाई।

एह घटना के बाद एक बेर फेर धार्मिक स्थलन के सुरक्षा बेवस्था पs सवाल खड़ा हो गइल बा। श्रद्धालु लोग आस्था के एतना बड़ा केंद्र में भइल चोरी से बहुते आहत बा आ जल्दी से जल्दी चोरन के गिरफ्तारी के मांग कs रहल बा लोग। पुलिस प्रशासन भरोसा दिलवले बा कि सब तकनीकी आ फील्ड संसाधन के इस्तेमाल कs के एह हाई-प्रोफाइल चोरी के खुलासा कइल जाई आ दोषियन के सलाखन के पीछे भेजल जाई।

Read Also: UP News : प्रदेश में विधानमंडल सत्र काल्ह से, वंदे मातरम् पs हो सकेला विशेष चरचा; कार्यसमिति के बैठक आज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.