Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी सरकार वापिस लेहलस नुकसान के भरपाई कइले के नोटिस, सुप्रीम कोर्ट देहलस वसूल राशि लौटवले के निर्देस

यूपी में सीएए विरोध प्रदरसन में पबलिक सम्पति के नुकसान के उसूली खातिर भेजल गइल सगरी 274 नोटिस अउर कारवाही के वापिस ले लेहल गइल बा। एकरिये संगे बडका कोरट यूपी सरकार के अगस्त 2020 में बनावल गइल नवका कानून के अनुसार कारवाही कइले के आदेस देहले बा|

275
सीवान इन्शुरेंस 720 90

उत्तर प्रदेश सरकार सुप्रीम कोरट के बतवलस कि ऊ सुधारल नागरिकता कानून (सीएए) के विरोध में परदरसन करे आलन के खिलाफ सुरु कइल गइल सगरी कारवाही अउर भरपाई खातिर जारी नोटिस वापिस ले लेहल गइल बा। सुप्रीम कोर्ट अबले कइल गइल वसूली के लौटव्ने (रिफंड) के आदेस देहले बा। हालांकि बडका कोर्ट यूपी सरकार के नवका कानून के तहत कारवाही कइले के आजादी दे देहले बा।

यूपी में  2019 में भइल सीएए विरोध परदरसन में सरकारी व निजी सम्पति के नुकसान के असूली खातिर भेजल गइल सगरी 274 नोटिस अउर कारवाही के वापिस लौटा लेहल गइल बा।  उप्र सरकार बड़का अदालत के बतवलस कि सीएए विरोधी परदरसन’ के दौरान भइल नुकसान के भरपाई के ए नोटिसन के 13 अउर 14 फरवरी के वापिस लौटा लेहल गइल बा।

 

आभार – अमर उजाला 

Middle Yayawari
218480cookie-checkयूपी सरकार वापिस लेहलस नुकसान के भरपाई कइले के नोटिस, सुप्रीम कोर्ट देहलस वसूल राशि लौटवले के निर्देस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.