Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LIC IPO: 10 मार्च के लॉन्च हो सकेला, एलआईसी के आईपीओ

जानीं इश्यू प्राइस से लेके लॉट साइज से जुडल जानकारी...

1,336

LIC IPO: भारत के सबसे बड़ आईपीओ के लेके देसभर के निवेसक लो में उत्साह बा। लोग बेसबरी से एह एलआईसी के आईपीओ के इंतेजार कs रहल बा। एहि बीचे अइसन खबर आ रहल बा कि एलआईसी के आईपीओ 10 मार्च 2022 के लॉन्च हो सकत बा आ निवेशक एह इश्यू में 14 मार्च के बोली लगा सकी लो। खबर बा कि LIC के इश्यू के साइज 65,000 करोड़ रूपिया हो सकेला।

 

का हो सकेला इश्यू प्राइस?

बाजार में अटकल लगावल जा रहल बा कि एलआईसी के इश्यू के प्राइस (LIC IPO PRICE) 2000 से 2100 के बीचे हो सकत बा। ओइसे, सरकार कावर से LIC के आईपीओ खुलला के तारीख के लेके कवनों आधिकारिक ऐलान नइखे भइल। सरकार के मोताबिक, निवेशकन के संगे रोडशोके बाद वैल्यूएशन पs फैसला लिहल जाई आ एकर लिस्टिंग March 2022 में पूरा हो जाई। बता दिहल जाव कि बीमा कंपनी 13 फरवरी के सेबी के लगे ड्राफ्ट पेपर जामा करवले रहे। एकरा बाद से बाजार में अटकल तेज हो गइल बा।

 

पौलिसीधारकन ला  3.16 करोड़ शेयर रही रिजर्व

रउआ के बता कि एह सार्वजनिक निर्गम के सभे खास पहलूअन का बारे में अटकल लगावल जा रहल बा। बाजार में चल रहल अटकल के अनुसार, LIC के 283 मिलियन पौलिसीधारकन ला 3.16 करोड़ शेयर रिजर्व रही। 1.35 मिलियन रजिस्टर्ड एजेंटस के माध्यम से कंपनी पौलिसी धारकन के निवेशक बनावे के कोसिस करी।

 

आई जानल जाव LIC IPO के लेके बाजार में चल रहल अटकलन के तारीखन के बारे में-

LIC का इश्यू खुली: 10 मार्च
इश्यू क्लोज डेट: 14 मार्च
इश्यू प्राइस: 2,000-2,100 रुपये प्रति शेयर
एलआईसी आईपीओ साइज: 31,62,49,885 शेयर
ऑफर-फॉर-सेल (OFS): 31,62,49,885 शेयर जारी होंगे, जो 65,416.29 करोड़ रुपये के बराबर है
छूट: कर्मचारियों और पॉलिसीधारकों के लिए 10 प्रतिशत
प्राइस बैंड अनाउंसमेंट: 7 मार्च
एंकर निवेशक आवंटन: 9 मार्च
मार्केट लॉट: सात शेयर
कर्मचारी: 1.58 करोड़ शेयर रिजर्व हैं जो 10% डिस्काउंट के बाद 1,890 रुपये पर मिलेंगे
पॉलिसीधारक: 3.16 करोड़ शेयर (10 प्रतिशत छूट = 1,890 रुपये) पर मिलेंगे
एंकर: 8.06 करोड़ शेयर रिजर्व हैं, यह 16,935.18 करोड़ रुपये वैल्यू के बराबर है
क्वालिफाइड इंस्टीट्यूशनल बिडर: 5.37 करोड़ शेयर, जिसकी वैल्यू 11,290.12 करोड़ है
गैर-संस्थागत निवेशक: 4.03 करोड़ शेयर होंगे जिसकी वैल्यू 8,467.59 करोड़ है
रिटेल इन्वेस्टर्स: 9.41 करोड़ शेयर होंगे, जो 19,757.71 करोड़ के बराबर है
सूचीबद्ध सहकर्मी: एसबीआई लाइफ इंश्योरेंस कंपनी, एचडीएफसी लाइफ इंश्योरेंस कंपनी, आईसीआईसीआई प्रूडेंशियल लाइफ इंश्योरेंस कंपनी

साभार- लाइव हिंदुस्तान 

217040cookie-checkLIC IPO: 10 मार्च के लॉन्च हो सकेला, एलआईसी के आईपीओ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.