आजमगढ़। उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला में एक लाख के इनामी बदमाश शंकर कनौजिया एनकाउंटर में ढेर हो गइल बा। यूपी एसटीएफ के संगे भइल मुठभेड़ में शंकर कनौजिया मारल गइल बा। शंकर कनौजिया के संगे हथियारो बरामद कइल बा।
जानकारी के अनुसार, यूपी एसटीएफ मुठभेड़ में इनामी शंकर कन्नौजिया के मुठभेड़ में ढेर कs देले बा। शंकर पs एक लाख रुपिया के इनाम घोषित कइल गइल रहे। आजमगढ़ में भइल एह मुठभेड़ में अपराधी के लगे से एगो कार्बाइन, एगो पिस्टल आ कारतूस बरामद कइल गइल। यूपी एसटीएफ बतवलस कि ई अपराधी 2011 से फरार रहे। एकरा बाद उ लूट आ अपहरण जइसन अपराधन के अंजाम देत रहे।
जानकारी के अनुसार, आजमगढ़ के जहानागंज थाना इलाका में सनिचर के यूपी एसटीएफ आ बदमाश में मुठभेड़ हो गइल। पुलिस पs फायर कs के भाग रहल एक लाख के इनामी बदमाश शंकर कनौजिया गोली से ढेर हो गइल। उ रौनापार थाना इलाका के हाजीपुर गांव के निवासी रहे।
जान से मारके पिकअप लूटला के मामला में फरार चल रहल आजमगढ़ रौनापार थाना क्षेत्र के हाजीपुर गांव के निवासी शंकर कन्नौजिया वाराणसी जोन के एडीजी पीयूष मोर्डिया एक लाख के इनाम घोषित कइल गइल रहे।
11 जुलाई के मिलल रहे माथा कटल लाश
जानकारी के मोताबिक, आजमगढ़ के रौनापार थाना इलाका में 11 जुलाई के माथा कटल लाश बरामद भइल रहे। जवना के पहचान शैलेन्द्र के रूप में भइल रहे। एह घटना के तीन आरोपी मिलके अंजाम देले रहे लो।
एह तीन आरोपियन में से दुगो आरोपियन के 15 जुलाई के रामछवि उर्फ दबिया आ छांगुर के गिरफ्तार कs लिहल गइल रहे। जबकि एगो आरोपी शंकर कनौजिया जवन कि जिला के रौनापार थाना क्षेत्र के रहे वाला रहे, उ लगातार फरार चलत रहे।
फरार आरोपी पs वाराणसी एडीजी पीयूष मोर्डिया इनाम घोषित कइले रहे। फरार आरोपी शंकर कनौजिया अंर्तजनपदीय अपराधी रहे। आरोपी के खिलाफ हत्या, लूट, हत्या के प्रयास जइसन कुल नव गंभीर आपराधिक मुकदमा दर्ज रहे। आरोपी के लगातार तलाश कइल जात रहे।
गोरखपुर से बनावल गइल रहे वारदात के योजना
पुलिस जांच में सामने आइल कि आरोपी गोरखपुर से फर्जी कागजन के सहारे पिकअप बुक कs के वारदात के प्लान बनवले रहे। 3 जुलाई के ड्राइवर शैलेन्द्र के लाटघाट बुलाके खाद्य पदार्थ में जहरीला पदार्थ खिलावल गइल, जवना से उ अचेत हो गइल आ ओकर हत्या कs के वाहन लूट लिहल गइल। पुलिस पहिलही आरोपियन से घटना में प्रयुक्त तमंचा, फावड़ा, दुगो मोबाइल आ पिकअप बरामद कs लेले रहे।
Read Also : ICC बदललस महिला वर्ल्ड कप के कार्यक्रम, बेंगलुरू से छीनल मेजबानी, अब एह स्टेडियम में होई मैच