बिहार में EOU के बड़ कार्रवाई, अवर निबंधक विनय सौरभ के कइयन गो ठिकानन पs छापेमारी; जानीं का-का मिलल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2025

भागलपुर। बिहार पुलिस के आर्थिक आ साइबर अपराध प्रभाग के टीम (EOU In Action) भागलपुर के जिला अवर निबंधक विनय सौरभ के भागलपुर सहित कइयन गो ठिकानन पs एक संगे ताबड़तोड़ छापेमारी कइले बिया। सुक

Share

भागलपुर। बिहार पुलिस के आर्थिक आ साइबर अपराध प्रभाग के टीम (EOU In Action) भागलपुर के जिला अवर निबंधक विनय सौरभ के भागलपुर सहित कइयन गो ठिकानन पs एक संगे ताबड़तोड़ छापेमारी कइले बिया।

सुक के सबेरे से आरंभ भइल ई छापेमारी आय से जादे संपत्ति अर्जित करे से जुड़ल बा। भागलपुर में तैनात विनय सौरभ के विरुद्ध भ्रष्ट आ अवैध तरीका से आय के स्रोतन से 1 करोड़ 43 लाख 78 हजार रुपिया मूल्य के परिसंपत्ति अर्जित कइले बाड़ें।

जवन उनका आय से करीब 188.23 प्रतिशत जादे बतावल गइल बा। एही आरोप में आर्थिक अपराध थाना, पटना में 21 अगस्त 2025 के केस संख्या 21-2025 दर्ज कइल गइल रहे।

विनय सौरभ के रोहतास, सासाराम के सनुआर शिव सागर इस्थित पैतृक आवास, भागलपुर के खंजरपुर, बरारी इस्थित अभिनव एनक्लेव के अलावे पूर्णिया में बाईपास इस्थित पैनोरमा सिटी वाला आवास के अलावा भागलपुर इस्थित उनका अवर निबंधक कार्यालय इस्थित कक्ष में एक संगे ताबड़तोड़ छापेमारी कइल गइल बा।

छापेमारी आ तलाशी अभियान न्यायालय से जारी आदेस पs आर्थिक अपराध इकाई के आर्थिक आ साइबर अपराध प्रभाग के टीम कइले बिया। तलाशी अभियान सब ठिकानन पs तेजी से अधिकारियन के टीम कs रहल बिया।

सुरक्षा दृष्टिकोण से बरारी के खंजरपुर इस्थित अभिनव एनक्लेव वाला फ्लैट पs बहुते संख्या में पुलिस जवानन के लगावल गइल बा। निबंधन कार्यालय के बाहर केहूओ के जवान प्रवेश नइखे करे दे रहल लोग।

भीतर से केहू बाहर आ बाहर से केहूओ के भीतर जाये के इजाजत उहां तैनात सुरक्षाकर्मी नइखे दे रहल। सुरुआती छापेमारी में तीन करोड़ से जादे अर्जित संपत्ति के पता चलल बा।

अभिनव एनक्लेव इस्थित फ्लैट से अलग-अलग बैंकन आ बीमा कंपनी से जुड़ल डिपाजिट स्कीम के दस्तावेज, बांड आ जमीन, फ्लैट के दस्तावेजो मिलल बा। टीम के सोना आ हीरे जड़ल जेवरातो मिलल बा।

टीम (EOU In Action ) ओकर मूल्यांकन कs रहल बिया। छापेमारी खातिर भीतर गइल टीम अपना संगे नोट गिनती करे वाली मशीन अंदर ले गइल बिया। टीम के भीतर जाये के करीब दु घंटा बाद बोतल बंद पानी आ नास्ता के पैकेट सुरक्षा में लागल जवान अंदर ले गइल लो।

Read Also : Parliament Security Breach : संसद के सुरक्षा में सेंध, देवाल कूदके परिसर में घुसल शख्स; सुरक्षा बल पकड़ल लोग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.