ICC बदललस महिला वर्ल्ड कप के कार्यक्रम, बेंगलुरू से छीनल मेजबानी, अब एह स्टेडियम में होई मैच

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। अगिला महीना भारत आ श्रीलंका के संयुक्त मेजबानी में खेलल जाये वाला महिला वनडे वर्ल्ड कप के शेड्यूल में आईसीसी बदलाव कइले बा। आईसीसी बेंगलुरू के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम से मेजबानी छीन लेले

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अगिला महीना भारत आ श्रीलंका के संयुक्त मेजबानी में खेलल जाये वाला महिला वनडे वर्ल्ड कप के शेड्यूल में आईसीसी बदलाव कइले बा। आईसीसी बेंगलुरू के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम से मेजबानी छीन लेले बा आ दोसर स्टेडियम के दे देले बा।

कुल पांच स्टेडियमन में एह वर्ल्ड कप के मैच खेलल जाई। ओमे से एगो स्टेडियम बेंगलुरू के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम रहे, जेमे अब मैच ना होई। आईसीसी सुक के एगो बयान जारी कs बतवलें कि बेंगलुरू में जवन मैच खेलल जाये के रहे आ अब नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम में खेलल जाई।

एह कारण गइल मेजबानी

एह स्टेडियम में कुल पांच मैच खेलल जाये के रहे, जेमे से तीन मैच लीग स्टेज के रहे आ एगो सेमीफाइनल मैच रहे, जदि भारतीय टीम फाइनल में पहुंचित तs खिताबी मुकाबला एही स्टेडियम में खेलल जाला। ई सब मैच अब डीवाई पाटिल स्टेडियम में होई। दरअसल, चिन्नास्वामी स्टेडियम के कर्नाटक सरकार मैचन के आयोजन खातिर असुरक्षित पवले बिया आ एही कारण आईसीसी एह स्टेडियम से मेजबानी ले लेले बा।

आईपीएल-2025 के विजेता रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरू के टीम 17 साल बाद ई खिताब अपना नामे कइले रहे लो आ एह जीत के जश्न चिन्नास्वामी स्टेडियम में मनावल गइल रहे। जब स्टेडियम के अंदर जश्न चलत रहे तब स्टेडियम के बाहर भगदड़ मच गइल रहे, जेमे 11 लोगन के जान चल गइल रहे। एकर जांच भइल रहे जवना के रिपोर्ट में स्टेडियम के मैचन खातिर आयोजन ला असुरक्षित पावल गइल बा आ फेर आईसीसी आपन फैसला लेले बा।

एह जगहन पs होई मैच

महिला वनडे वर्ल्ड कप के आयोजन 30 सितंबर से दु नवंबर के बीच कइल जाये के बा। भारत में कुल चार शहरन में ई मैच खेलल जाये के बा, जेमे गुवाहाटी के एसीए स्टेडियम, इंदौर के होल्कर स्टेडियम, विशाखापट्टनम के एसीए-वीडीसीए स्टेडियम सामिल बा। ओहिजा, श्रीलंका के कोलंबो के आर प्रेमदासा स्टेडियम एमे सामिल बा। जदि पाकिस्तान के टीम फाइनल में पहुंचत बिया तs फेर खिताबी मुकाबला कोलंबों में होई। पाकिस्तान आपन सब मैच श्रीलंका में खेली।

Read Also : Swami Prasad Maurya : स्‍वामी प्रसाद मौर्य के बढ़ल मुश्‍क‍िल! एह ममिला में संभल के कोर्ट में वाद दाखि‍ल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.