UP: मुख्यमंत्री योगी कहले – पुलिस के आधुनिकीकरण ना भइल तs कानून के राज खतरा में पड़ जाई

Raj Nandani
Lucknow, May 24 (ANI): Uttar Pradesh Chief Minister Yogi Adityanath addresses during the inauguration of the Krishak registration app for various services, at Lok Bhawan, in Lucknow on Wednesday. (ANI Photo)

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि समय के संगे पुलिस बल के आधुनिक बनावल जरूरी बा। जदी अइसन ना भइल तs कानून के राज खतरा में पड़ जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि, जदी आधुनिकीकरण ना भइल तs पुलिस बल पिछड़ जाई। जवना के खतरनाक असर कानून के राज पs पड़ी। हमनी के डीजी सम्मेलन में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिहल स्मार्ट पुलिसिंग के सिद्धांत के पालन करे के होई। पुलिस के आधुनिक मोबाइल होखे के होई।

रउरा सतर्क के साथे-साथे जवाबदेह, भरोसेमंद के साथे-साथे जिम्मेदार, टेक्नोसेवी के साथे-साथे शारीरिक रूप से प्रशिक्षित होखे के पड़ी। योगी गुरुवार के अपना आधिकारिक आवास पs एलिवेटेड पीआरवी के फ्लैग ऑफ आ यूपी 112 के दूसरा चरण के तहत ट्रैफिक कर्मी के एसी हेलमेट बांटे के कार्यक्रम के संबोधित करत रहले।

ऊ पुलिस बल के तारीफ करत कहले कि सात साल में राज्य पुलिस देश में आपन नाया पहचान स्थापित कs लेले बिया। यूपी के भी नया पहचान दिहल गइल बा। दुनिया पछिला सात साल में राज्य में स्थापित कानून के राज के देखतिया। एहसे पुलिस के इज्जत बढ़ल बा।

निवेश आ व्यापार के नया संभावना खोले आ विकास आ रोजगार के नया ऊंचाई पर चहुँपे में मदद कइले बा । कानून के राज के स्थापना के संगे यूपी देश के दूसरा सबसे बड़ अर्थव्यवस्था के रूप में उभरल बा।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया चित्रकार, लेखिका आ भोजपुरी नवहा जेकर तन-मन अपना माई भाखा खातिर समर्पित बा। खबर भोजपुरी के पाठकन खातिर हम एहिजा देस-दुनिया, सिनेमा, राजनीति, स्वास्थ आ भोजपुरिया क्षेत्र के खबर रउआ सभे खातिर लेके आवेनी। रउआ सभे हमरा से rajnandani0021@gmail.com पs संपर्क कs सकेनी।