[the_ad_group id="30365"]

Lal Krishna Advani: लाल कृष्ण आडवाणी एम्स, दिल्ली में भर्ती, यूरोलॉजी विभाग के डॉक्टर उनकर इलाज कर रहल बाड़े।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एम्स में लालकृष्ण आडवाणी : भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी के का समस्या बा? अभी तक ए संबंध में कवनो जानकारी नइखे मिलल, बाकी पीटीआई एम्स के सूत्र के हवाला से कहलस कि फिलहाल भाजपा नेता के हालत स्थिर बा।

भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता लाल कृष्ण आडवाणी (96 साल) के बुधवार देर रात दिल्ली के अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान (एम्स) में भर्ती करावल गइल। पीटीआई सूत्र के हवाला से ई जानकारी दिहलस। एगो सूत्र बतवले कि, उनकर हालत स्थिर बा आ उनका के निगरानी में राखल गइल बा।

पूर्व उपप्रधानमंत्री के एम्स के पुरान निजी वार्ड में भर्ती करावल गइल बा आ बतावल जा रहल बा कि यूरोलॉजी विभाग के डाक्टर उनकर इलाज कर रहल बाड़े। हालांकि उनकर बेमारी के बारे में अभी तक कवनो साफ जानकारी नइखे दिहल गइल।

देश के सर्वोच्च नागरिक पुरस्कार ‘भारत रत्न’ से सम्मानित भइला के महज तीन महीना बाद उपप्रधानमंत्री रहल लाल कृष्ण आडवाणी के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा । राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आडवाणी के दिल्ली के आवास पर जाके ‘भारत रत्न’ से सम्मानित कइली।

औपचारिक समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, उपराष्ट्रपति जगदीप धनखर, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृहमंत्री अमित शाह आ लाल कृष्ण आडवाणी के परिवार के लोग शामिल भइले।

लाल कृष्ण आडवाणी जून 2002 से मई 2004 ले भारत के उपप्रधानमंत्री आ अक्टूबर 1999 से मई 2004 ले केंद्रीय गृहमंत्री के रूप में काम कइलें। ऊ कई बेर भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष भी रहले – 1986 से 1990, 1993 से 1998 आ 2004 से 2005 तक।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]