Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी बोर्ड रिजल्ट 2022: 12वीं के रिजल्ट भइल जारी

1,626

उत्तर प्रदेश बोर्ड परीक्षा रिजल्ट के इंतजार करे वाला छात्रन खातिर एगो बढ़िया खबर बा. कक्षा दसवीं आ बारहवीं के रिजल्ट जल्दिए यूपी बोर्ड से जारी हो गइल बा.
इंटरमीडिएट के जारी रिजल्ट में 85.33 प्रतिशत छात्र इंटरमीडिएट में पास भईले। एह परीक्षा में विद्यार्थियन के पास प्रतिशत 81.21 आ लड़िकियन के 90.15 रहल. इंटर में लईकन से जादे 8.94 प्रतिशत लईकी पास भईली।

फतेहपुर के दिव्यांशी कइली टॉप

दिवशंशी बारहवीं के परीक्षा में टॉप कइलें बाड़ी। एह परीक्षा में ऊ 95.40 फीसदी अंक हासिल कइले बाड़ी।

22 लाख छात्र देहले रहने परीक्षा

अबकी इंटरमीडिएट बोर्ड के परीक्षा में 2411035 छात्र पंजीकृत हो गईले। परीक्षा में 2250742 छात्र हाजिर भईले।

276240cookie-checkयूपी बोर्ड रिजल्ट 2022: 12वीं के रिजल्ट भइल जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.