UP Board Exam : खेत में बैठ के लिखत रहलें सs सॉल्वर, यूपी बोर्ड परीक्षा में मैनपुरी में सामूहिक नकल के भंडाफोड़, STF के छापेमारी में छव गिरफ्तार

Share

मैनपुरी। यूपी बोर्ड के इंटरमीडिएट परीक्षा के दूसरका पाली में सोमार के दिन मैनपुरी जिला में सामूहिक नकल के बड़ ममिला सामने आइल बा। इनपुट के आधार पs एसटीएफ आगरा आ भोगांव एसडीएम के संयुक्त कार्रवाई में बेवर थाना इलाका के स्व. महाराज सिंह स्मारक इंटर कॉलेज, जोत में नकल करावत गिरोह पकड़ल गइल। परीक्षा केंद्र के पीछे खाली खेत में बइठ के सॉल्वर उत्तरपुस्तिका लिखत रहे लोग।

एसटीएफ के टीम मवका से छव सॉल्वर के हिरासत में लेलस। छापेमारी के दौरान गणित विषय के दूगो अधलिखल उत्तरपुस्तिका आ जीव विज्ञान के प्रश्नपत्र बरामद भइल। हालांकि एगो जुवती सहित छव लोग टीम के देखते फरार हो गइल। बाद में डीआईओएस आ एसटीएफ के ओर से बेवर थाना में तहरीर देवे के तइयारी कइल गइल।

बतावल जा रहल बा कि सोमार के दूसरका पाली में इंटरमीडिएट के गणित आ जीव विज्ञान के परीक्षा रहे। संवेदनशील विषय होखे के चलते जिला के 93 परीक्षा केंद्र पs खास निगरानी रखल गइल रहे। परीक्षा सुरू होखे से पहिलही एसटीएफ के नकल से जुड़ल पुख्ता सूचना मिल चुकल रहे।

गोपनीय तरीका से मैनपुरी पहुंचल एसटीएफ इंस्पेक्टर योगेंद्र सिंह, भोगांव एसडीएम संध्या शर्मा से संपर्क कइलें आ छापेमारी के प्लान बनावल गइल। सांझ करीब चार बजे टीम कॉलेज परिसर में छापा मरलस, जहां केंद्र के पीछे खेत में सॉल्वर आराम से कॉपी लिखत रहलें सs।

टीम के देखतही कुछ लोग भाग निकलल, जबकि आशीष, अनुज, अंकित, शिवम चौहान, अरुण कुमार आ अवनीत के पकड़ के बेवर थाना ले आवल गइल। सूचना मिलतही एसडीएम, एएसपी सिटी, डीआईओएस सतीश कुमार सहित प्रशासनिक अधिकारियो मवका पs पहुंच गइलें।

डीआईओएस बतवलें कि प्रश्नपत्र आ उत्तरपुस्तिका बाहर निकाले में केंद्र बेवस्थापन के मिलीभगत रहे। केंद्र के डिबार करे आ मान्यता रद्द करे के संस्तुति भेजल जा रहल बा। जिला अधिकारी अंजनी कुमार सिंह कहलें कि ममिला गंभीर बा आ दोषियन पs सख्त कार्रवाई तय बा।

Read Also: America Snowstorm : 5600 से जादे फ्लाइट रद्द, स्कूल बंद… अमेरिका में भीषण बर्फीला तूफान से ‘इमरजेंसी’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-