Greater Noida : लुक्सर में गोली मारके आ गला काटके सरेराह जुवक के बेरहमी से हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2026

ग्रेटर नोएडा। लुक्सर गांव में मंगर के दिन पुरान रंजिश के चलते एगो जुवक के सरेआम बेरहमी से हत्या कs दिहल गइल। मृतक के पहचान लुक्सर गांव के रहे वाला नितिन नागर के रूप में

Share

Brutal murder of a young man in Luxar village, Greater Noida

ग्रेटर नोएडा। लुक्सर गांव में मंगर के दिन पुरान रंजिश के चलते एगो जुवक के सरेआम बेरहमी से हत्या कs दिहल गइल। मृतक के पहचान लुक्सर गांव के रहे वाला नितिन नागर के रूप में भइल बा। गोली लागे आ गला पs चाकू से हमला के बाद नितिन के गंभीर हालत में नजदीकी अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। सूचना मिलतही ईकोटेक-1 कोतवाली पुलिस मवका पs पहुंच के जांच सुरू कs देले बिया।

आरोप बा कि सचिन नाम के जुवक आ ओकर कुछ साथी अचानक नितिन पs फायरिंग कइल। दूनो पक्ष के बीच पहिले से विवाद चलत आ रहल बा, ओही के चलते ई वारदात कइल गइल। गोली चलतही इलाका में अफरा-तफरी मच गइल आ लोग दहशत में आ गइल।

पुलिस के पहुंचे से पहिलही आरोपी फरार हो गइल। पुलिस घटनास्थल के मुआयना कइले आ सबूत जुटावे में लागल बा। इलाका में अतिरिक्त पुलिस बल तैनात कइल गइल बा। मीडिया सेल के मोताबिक, सुरुआती जांच में ममिला पुरान दुश्मनी से जुड़ल लागत बा। मृतक के परिवार के तहरीर पs एफआईआर दर्ज कs के कार्रवाई चल रहल बा आ आरोपी लोग के जल्दिये गिरफ्तार करे के दावा कइल गइल बा।

परिजन लोग बतावल कि नितिन नागर पेशा से बेयपारी रहस आ पानी के बोतल पैकेजिंग के काम करत रहे। मंगर के दिन ऊ घर से तीन घर दूर दुकान पs शैम्पू लेवे गइल रहे, ओही दौरान तीन आरोपी ओकरा के घेर के सरेआम गोली मार देलें सs आ चाकू से गला काट देलें सs।

घटना के वीडियो सामने आइल बा, जेमे बेखौफ बदमाश नितिन पs गोली चलावत नजर आवत बाड़ें सs। वीडियो में देखाई दे रहल बा कि एगो गली में नितिन जात रहे, ओकरा आगे एगो बच्चा चलत रहे। ओही बीच आरोपी ओकरा के जमीन पs गिरा के गोली मरले सs। जब एगो महिला बचावे खातिर बाहर निकलल, तs एगो आरोपी ओकरा पs बंदूक तान के डेरा देलस। महिला ईंटा उठा के बदमाशन के भगावे के कोसिस कइली। घटना के बाद मृतक के परिवार में भारी गुस्सा बा आ लोग आरोपी के जल्दी गिरफ्तारी आ सख्त कार्रवाई के मांग कs रहल बा।

Read Also: UP Board Exam : खेत में बैठ के लिखत रहलें सs सॉल्वर, यूपी बोर्ड परीक्षा में मैनपुरी में सामूहिक नकल के भंडाफोड़, STF के छापेमारी में छव गिरफ्तार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.