[the_ad_group id="30365"]

UP: भाजपा मुख्यालय में राष्ट्रीय महामंत्री के अध्यक्षता में बइठक शुरू, 2024 के तैयारियन पs बा नजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा के राष्ट्रीय महामंत्री (संगठन) बीएल संतोष के अध्यक्षता में पार्टी के लखनऊ मुख्यालय में बैठक के दौर शुरू हो गइल बा। पहिले चरण में पार्टी के प्रदेश पदाधिकारी के बैठक शुरू भइल बा। बैठक में संगठन के कामकाज के समीक्षा के संगे आगामी कार्ययोजना पs मंथन कइल जाई। बैठक में भाजपा प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र सिंह चौधरी, प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह, प्रदेश सहप्रभारी सत्याकुमार, संजीव चौरसिया, सुनील ओझा मौजूद बानें।

बीएल संतोष सोमार से दू दिवसीय प्रवास पर लखनऊ रहिहें। एह दौरान ऊ पार्टी पदाधिकारियन, क्षेत्रीय अउर जिला अध्यक्ष, जिला प्रभारियन अउर मोर्चा के अध्यक्ष के संगे बैठक कs के सांगठनिक क्रियाकलाप के समीक्षा करिहें। पार्टी के अभियान के भी जानकारी लिहें।

प्रदेश महामंत्री गोविंद नारायण शुक्ला बतवलें कि बीएल संतोष के अध्यक्षता में होखे वाली विभिन्न बैठक में प्रदेश प्रभारी राधा मोहन सिंह, प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी, प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह आदि लोग शामिल होइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]