‘दू कौड़ी का आदमी हउअन राकेश टिकैत’, केंद्रीय मंत्री टेनी के बिगड़ल बोल

Share

लखीमपुर खीरी जिला में सयुंक्त किसान मोर्चा के तीन दिवरीय धरना के बाद भारतीय जनता पार्टी के नेता अउरी केंद्रीय गृह राज्य मंत्री अजय मिश्र टेनी भारतीय किसान यूनियन के राष्ट्रीय प्रवक्ता राकेश टिकैत पs विवादित बयान देहलें बानें। टेनी राकेश टिकैत के दू कौड़ी के आदमी बतवलें बानें।

सोमार के समर्थकों के सामने केंद्रीय मंत्री टेनी कहलें कि चाहे जेतना राकेश टिकैत इहां आवें। राकेश टिकैत के बहुत निम्मन से जानतानी, ऊ दू कौड़ी के आदमी हवें। कई बेर होला कि कुत्ते सड़क पs भौंकेने सब, कई बार गाड़ी के पीछे दौड़े ने सब। ई उनकर स्वभाव होला। त एकरे खातिर हम कुछ नाइ कहब।

जेकर जौन स्वभाव होला, ओकरिये अनुरूप ऊ व्यवहार करsला। लेकिन हमरे लोगन के अइसन स्वभाव नाइ बा। राकेश टिकैत के एही से राजनीति चलsला, एही से उनकर रोजी रोटी चलsला, त ऊ चलावें। समय पर ओकर जवाब देहल जाई। रउआ सबके ताकत के वजह से हम रउआ लोग के निराश नाइ होखे देब।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-