[the_ad_group id="30365"]

SSC अभ्यर्थियन खातिर सरकार सुनवलस खुशखबरी, भविष्य में 22 भारतीय भाषा में आयोजित होई परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय मंत्री जितेंद्र सिंह अतवार के कहलें कि कर्मचारी चयन आयोग (SSC) के लक्ष्य भविष्य में 22 भारतीय भाषा में प्रतियोगी परीक्षा आयोजित कइल बा। ऊ भारतीय भाषा उत्सव: प्रौद्योगिकी आ भारतीय भाषा शिखर सम्मेलन के समापन सत्र के संबोधित करत कहलें कि एकर उद्देश्य सब इच्छुक उम्मीदवारन के समान अवसर प्रदान कइल बा।

13 भाषा में आयोजित कइल जाई परीक्षा: केंद्रीय मंत्री

सिंह कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आदेस पs एह साल एसएससी परीक्षाएं 13 भाषा में आयोजित कइल जाई। एमे हिंदी आ अंग्रेजी के अलावे 11 क्षेत्रीय भाषा के सामिल कइल गइल बा। ऊ कहलें कि 2014 से पहिले, परीक्षार्थियन के लगे परीक्षा के माध्यम के रूप में हिंदी भा अंग्रेजी में से कवनो एगो के चुनला के अलावे कवनो विकल्प ना रहे।

जेईई, एनईईटी जइसन परीक्षा 12 भाषा में इल जा रहल बा आयोजित: जितेंद्र सिंह

कार्मिक राज्य मंत्री सिंह ने कहलें कि 2014 से पहिले अंग्रेजी के हिंदी में अनुवाद बहुत खराब तरीका से कइल जात रहे, जवना से कइयन छात्रन के नुकसान होत रहे। कार्मिक मंत्रालय के एगो बयान के मोताबिक, ऊ कहलें कि आवे वाला समय में एसएससी के लक्ष्य संविधान के आठवीं अनुसूची में उल्लिखित सब 22 भारतीय भाषा में प्रतियोगी परीक्षा आयोजित कइल बा।

सिंह आगे कहलें कि जेईई, एनईईटी आ यूजीसी परीक्षा 12 भारतीय भाषा में आयोजित कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]