उम्मीद सोशल फाउंडेशन द्वारा विश्व योग दिवस पs भइल योग शिविर के आयोजन

Share

पडरौना से संचालित उम्मीद सोशल फाउंडेशन द्वारा आज विश्व योग दिवस के अवसर पs योग शिविर के आयोजन कइल गइल। जवना में बढ़ चढ़के लोग हिस्सा लेलस। बता दीं कि योग देह आ मन के स्वस्थ राखे खातिर फायदेमंद होला। एमे अध्यात्मिक अभ्यास कइल गइल जवना से शांति, आत्मविश्वास अवुरी साहस के संचार भइल।

धेयान देवे जोग बात ई बा कि उम्मीद सोशल फाउंडेशन पर्यावरण आ समाज के बच्चन के शिक्षित करे खातिर पडरौना के समर्पित संस्था हs आ समय समय पs कार्यक्रम के आयोजन कs के लोगन के जागरूक करत रहले। संस्था सीमा संजय गुप्ता जी के देखरेख में चलेला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-