[the_ad_group id="30365"]

योगाचार्य धर्मेंद्र प्रजापति द्वारा नुक्कड़ सभा लगाके योग खातिर लोगन के कइल गइल जागरूक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: ओम फिटनेस योगा गोरखपुर द्वारा योग आयुर्वेद नारी शक्तिकरण अभियान के लेके सनीचर के गोरखपुर में भोर के बेरा महन्त दिग्विजयनाथ पार्क आ बल्लभ पन्त पार्क में निशुल्क निस्वार्थ सेवा भाव से सईयन से बेसी पुरुष आ महिला के लोगन योग सिखाके ओह लोगन के जिनगी स्वस्थ बनावे के काम कइल जा रहल बा। जवना में बिहान विशेष रूप से साँझ में नौकायन केंद्र गोरखपुर नौका बिहार में योगाचार्य धर्मेंद्र प्रजापति, योग नुक्कड़ सभा लगाकर सभे अपरिचितन के प्रभावित कइलें।

जेमे 100 से बेसी महिला आ पुरुष भाग लिहल लोग आ उनका द्वारा कइल गइल अलग-अलग योग के गतिविधियन के सराहना कइल गइल। एकरा बाद नुक्कड़ सभा में आइल सभे सम्मानित नागरिक अपना घरन से फल फूल मिष्ठान ले आके आपस में एक दूसरा के संगे प्रसाद के रूप में सेवन कइल आ मनोरंजन कइल। केक कॉटन के संगे मधुर संगीत कार्यक्रम सब महिला लोग  मिलकर कइल लोग। फेर एकरा बाद नौकायन परs उपस्थित सब लोगन के योग सन्देश पर्चा देके जागरूक कइल गइल।

नुक्कड़ सभा खातिर जुटल लोग

कार्यक्रम में हाटा से गोरखपुर न्यूरो क्लिनिक के डॉक्टर कुंवर गोरखपुरी, विश्वविद्यालय पत्रकारिता के छात्र प्रदीप यादव, योग आयुर्वेद नारी शशक्तिकरण अभियान की जिला सचिव गीतांजलि चौरसिया, प्रेरक वक्ता सिमरन, डीएलडब्ल्यू कैम्पस बनारस से सरोज देवी, उत्तराखंड से नीलम जी, इन्दु देवी, तारा दुबे, हृदया दुबे, सोभा पांडेय, कंचन पांडेय, ज्योति, पूजा, सिमा, निधि, वंदना, मधु, रानी देवी, किरण देवी, नीलू देवी, रागनी, सुनीता देवी, विनोद, कृष्णा, व्यास, अनिरुद्ध ,सुमित जी, सहित सब लोग सामिल होके मनोरंजन कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]