[the_ad_group id="30365"]

इंडिया U19 आस्ट्रेलिया U19 के हरा के क्रिकेट U19 विश्व कप के फाइनल में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आस्ट्रेलिया के 96 रन से हरा के लगातार चउथा बेर U19 क्रिकेट विश्व कप के फाइनल में जगे बना लेले बा। फाइनल में पाँच तारीख के भारत के सामना इंगलेंड से होखी। भारत के टीम खातिर ई U19 विश्व कप में अठवा  फाइनल होई।

कप्तान यश धुल केशतक से भारत 291 रन के लक्ष्य आस्ट्रेलिया के देले रहे- 

पहिला पारी में भारत कप्तान यश धुल के सानदार शतक(110) आ उप्कप्तान शेख रशीद के आकर्षक 94 रन आ अंतिम ओवरन में दिनेश बाना के 4 गेना में 20 रन का दम 290 रन बना के आस्ट्रेलिया के 291 रन के टारगेट देलस।

विकी ओसत्वाल के अगुआई में भारत के गेदबाज़न के यादगार प्रदर्शन-

स्पिनर विकी ओसत्वाल के तीन आ निशांत सिंधु के 2 विकेट का मदद से भारत आस्ट्रेलिया के  पारी के 41.5 ओवर में 194 रन पs समेत के 96 रन से मैच जीत लेलस।

फाइनल में India के सामना England से- 

फाइनल में भारत के सामना इंग्लैंड से पाँच फरवरी के होखी। मालूम होखे कि इंग्लैंड अफगानिस्तान के हरा  के फाइनल में पहुंचल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]