U19 World Cup : सुपर सिक्स में आज भारत आ पाकिस्तान के बीच महामुकाबला, जानीं कब-कहां आ कइसे देखल जा सकी मैच

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईसीसी अंडर-19 वर्ल्ड कप 2026 में क्रिकेट प्रेमियन खातिर एक बेर फेर भारत बनाम पाकिस्तान के बहुप्रतीक्षित महामुकाबला देखे के मवका मिली। जिम्बाब्वे के बुलावायो में चल रहल एह टूर्नामेंट के सुपर सिक्स चरण में दुनो परंपरागत प्रतिद्वंद्वी आमने-सामने होई। ई मुकाबला खाली अंक तालिका खातिर ना, बलुक इज्जत आ सेमीफाइनल के तस्वीर साफ करे खातिर बहुते अहम मानल जा रहल बा।

सेमीफाइनल के दहलीज पs टीम इंडिया

भारतीय अंडर-19 टीम एह मैच में अजेय रिकॉर्ड के संगे उतरे वाली बिया। जिम्बाब्वे आ न्यूजीलैंड के खिलाफ सानदार जीत के दम पs भारत के नेट रन रेट +3.337 बा, जवना से टीम इंडिया लगभग सेमीफाइनल में एगो गोड़ रख चुकल बिया। बाकिर खिलाड़ी आ सपोर्ट स्टाफ के मन में एगो बात जरूर घूम रहल होई- अंडर-19 एशिया कप फाइनल में पाकिस्तान से मिलल 191 रन के हार के बदला। एकरा से भारत एह मुकाबला के खाली जीतले ना, बलुक दमदार अंदाज में जीतल चाही।

पाकिस्तान खातिर ‘करो या मरो’ के हालत

दूसरका ओर, पाकिस्तान खातिर ई मैच वर्चुअल नॉकआउट जइसन बा। न्यूजीलैंड के खिलाफ 8 विकेट से जीत मिलला से टीम के हौसला जरूर बढ़ल बा, बाकिर सेमीफाइनल में जगह बनावे खातिर पाकिस्तान के भारत के बड़ अंतर से हरावल जरूरी बा, ताकि नेट रन रेट सुधर सकाे। एह मुकाबला में पाकिस्तान के रणनीति आक्रामक रहे के उम्मेद बा, खास कs के पावरप्ले आ डेथ ओवर में।

टॉप ऑर्डर बनाम तेज गेंदबाजी

मैच के सबसे रोचक पहलू रही भारत के विस्फोटक टॉप ऑर्डर बनाम पाकिस्तान के तेज गेंदबाज। भारत के तरफ से वैभव सूर्यवंशी आ आयुष म्हात्रे अब तक सानदार फॉर्म में बा लोग, जबकि पाकिस्तान के तेज गेंदबाज अली रजा- जे अब तक टूर्नामेंट में 12 विकेट ले चुकल बाड़ें- भारतीय बल्लेबाजन के कड़ा परीक्षा लेवे खातिर तइयार बाड़ें। ई टक्कर मुकाबला के दिशा तय कs सकेला।

कब आ कहां खेलाइल जाई भारत बनाम पाकिस्तान मैच?

  • तारीख: अतवार, 1 फरवरी 2026
  • स्थान: क्वींस स्पोर्ट्स क्लब, बुलावायो
  • मैच सुरू: दुपहरिया 1:00 बजे (भारतीय समय)
  • टॉस: दुपहरिया 12:30 बजे (भारतीय समय)

लाइव टेलिकास्ट आ फ्री स्ट्रीमिंग के जानकारी

भारत आ पाकिस्तान के एह हाई-वोल्टेज मुकाबला के लाइव टेलिकास्ट भारत में स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क पs देखल जा सकी। डिजिटल प्लेटफॉर्म पs जियोहॉटस्टार एप आ वेबसाइट पs लाइव स्ट्रीमिंग उपलब्ध रही।

Read Also: Patna Road Accident : पटना में यात्रियन से भरल ऑटो में ट्रक मरलस टक्कर 6 के मौत, 2 घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-