कोयंबटूर अउरी अंबाला खातिर चली दू स्पेशल ट्रेन, जानीं शेड्यूल

Share

त्योहारन में यात्रियन के होखे वाली भीड़ को ध्यान में रखते हुए रेल प्रशासन दू जोड़ी स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लिहले बा। ई ट्रेन गोरखपुर-कोयम्बटूर अउर सहरसा-अंबाला कैंट के बीच चलावल जाई।
पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के मुताबिक गोरखपुर-कोयंबटूर पूजा स्पेशल आठ अक्तूबर से पांच नवंबर ले प्रत्येक शनिचर के गोरखपुर से 8.30 बजे प्रस्थान कर तीसरे दिन कोयंबटूर 07.25 बजे पहुंची। वापसी यात्रा में ई ट्रेन 11 अक्तूबर से आठ नवंबर ले प्रत्येक बियफ़े के कोयंबटूर से 4.40 बजे प्रस्थान कs के तीसरे दिन गोरखपुर 08.35 पहुंची।

सहरसा-अंबाला कैंट स्पेशल 21 से चली

05521 सहरसा-अंबाला कैंट त्योहार स्पेशल 21 अक्तूबर से 11 नवंबर ले प्रत्येक शुक्क आ मंगर के सहरसा से 09.20 बजे प्रस्थान कs के  गोरखपुर से 20.50 बजे छूट के दूसरे दिन अंबाला  कैंट 12.30 बजे पहुंची। 05522 अंबाला कैंट-सहरसा त्योहार स्पेशल 22 अक्टूबर से 12 नवंबर ले प्रत्येक शनिचर अउरी बुध के अंबाला कैंट से 15.30 बजे प्रस्थान कर दूसरे दिन गोरखपुर से 06.25 बजे छूट के सहरसा 18.10 बजे पहुंची।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-