छपरा एलटीटी के बीच 2 स्पेशल ट्रेन के संचालन: यात्रियन के मिली सुविधा, 14 आ 16 जुलाई के चली ट्रेन, जानीं टाइम टेबल

Share

छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस समर स्पेशल ट्रेन के संचालन 14 जुलाई आ 05064 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-सीवान समर स्पेशल के संचालन 16 जुलाई के एगो फेरा खातिर बढ़ावल जा रहल बा। ट्रेन के चलला से छपरा आ लोकमान्य के बीच के यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

05063 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस 14 जुलाई के छपरा से 16.15 बजे प्रस्थान कs के सीवान से 17.25 बजे, देवरिया सदर से 18.50 बजे, गोरखपुर से 20.55 बजे, खलीलाबाद से 21.33 बजे, बस्ती से 22.03 बजे, गोंडा से 23.20 बजे दूसरका दिन बादशाहनगर से 01.43 बजे, ऐशबाग से 02.20 बजे, कानपुर सेंट्रल से 04.15 बजे, भरूवा सुमेरपुर से 06.05 बजे, रागौल से 06.25 बजे, बांदा से 07.45 बजे, चित्रकूट धाम से 08.47 बजे, सतना से 12.15 बजे, कटनी से 13.45 बजे, जबलपुर से 16.15 बजे, इटारसी से 20.05 बजे तीसरका दिन भुसावल से 00.15 बजे, नासिक रोड से 03.35 बजे आ कल्याण से 06.30 बजे छूटके लोकमान्य तिलक टर्मिनस 07.25 बजे पहुंची।

ओहिजा, वापसी यात्रा में 05064 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-सीवान 16 जुलाई के लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 12.45 बजे प्रस्थान कs के कल्याण से 13.20 बजे, नासिक रोड से 16.10 बजे, भुसावल से 19.35 बजे दूसरका दिन इटारसी से 00.55 बजे, जबलपुर से 04.45 बजे, कटनी से 06.35 बजे, सतना से 08.35 बजे, चित्रकूट धाम से 12.42 बजे, बांदा से 14.05 बजे, रागौल से 14.45 बजे, भरूवा सुमेरपुर से 15.10 बजे, कानपुर सेंट्रल से 17.50 बजे, ऐशबाग से 19.25 बजे, बादशाहनगर से 19.47 बजे, गोंडा से 21.55 बजे, बस्ती से 23.10 बजे, खलीलाबाद से 23.35 बजे तीसरका दिन गोरखपुर से 00.40 बजे आ देवरिया सदर से 01.40 बजे छूटके सीवान 03.15 बजे पहुंची।

एह गाड़ी के संरचना में जनरेटर सह लगेज यान के दु गो कोच आ वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनॉमी के 18 कोचन सहित कुल 20 लगावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-