[the_ad_group id="30365"]

Bihar Weather : बिहार के 12 जिलन में चार दिन खातिर भारी बरखा-वज्रपात के अलर्ट, अब एह ओर बढ़त मानसून

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में मौसम विज्ञान केंद्र पटना के अनुसार उत्तर बिहार में भारी बरखा के चेतावनी दिहल गइल बा। बाकी भाग में बूंदाबांदी हो सकत बा। प्रदेश में चार दिन तक मानसून के प्रभाव बनल रही। विभाग वज्रपात के संभावना जतवले बा। मौसम केंद्र के ओर से राज्य में अब तक भइल बरखा के बारे में  जानकारी दिहल गइल।

बिहार में राजधानी पटना के संगे प्रदेश में अगिला चार दिन तक मानसून के प्रभाव बनल रही। एकरा परिणामस्वरूप उत्तरी भाग के अधिसंख्य जिलन में मेघ गर्जन के साथे भारी बरखा के चेतावनी बा।

ओहिजा, पटना समेत दक्षिण भाग में बरखा के प्रभाव उत्तर बिहार के तुलना में कम रही। मौसम विज्ञान केंद्र पटना के अनुसार, मानसून द्रोणिका जैलसमेर, सुल्तानपुर, पटना, मालदा होत अरुणाचल प्रदेश के ओर बढ़त बा।

एकरा प्रभाव से उत्तर बिहार के 12 जिलन में भारी से अतिभारी बरखा के चेतावनी बा। पूर्वी आ पश्चिमी चंपारण, किशनगंज, अररिया, मधुबनी, सीतामढ़ी, सुपौल, पूर्णिया, कटिहार आ मधेपुरा जिलामें भारी बरखा के लेके अलर्ट जारी कइल गइल बा।

पटना आ बाकी भागन में हल्का बरखा के साथे कुछ स्थानन पs मेघ गर्जन, वज्रपात के संभावना बा। मंगर के अररिया जिला के अलग-अलग स्थान में भारी बरखा दर्ज कइल गइल बा। अररिया के जोकिहाट में सबसे जादे बरखा 82.8 मिमी दर्ज कइल गइल।

मौसम विभाग के मोताबिक मानसून सीजन में अब तक सामान्य से 33 प्रतिशत कम बरखा दर्ज कइल गइल बा। मंगर के पटना आ एकरा आसपास हल्का बूंदाबांदी होखे के कारण उमस भरल गरमी से लोग परेसान रही।

एह जिलन में दर्ज कइल गइल बरखा

अररिया के जोकिहाट में 82.8 मिमी, अररिया में 77.0 मिमी, अररिया के रानीगंज में 66.6 मिमी, सिवान में 60.4 मिमी, अररिया के बरहगामा में 54.2 मिमी, किशनगंगज के दिघलबैंक में 52.4 मिमी, सासाराम में 44.6 मिमी, किशनगंज के बहादुरगंज में 38.4 मिमी बरखा दर्ज कइल गइल।

एह तरे मधेपुरा के कुमारखंड में 37.2 मिमी, मुंगेर के धरहरा में 32.6 मिमी, बक्सर के इटराही में 30.6 मिमी, बांका के शंभूगंज में 30.2 मिमी, पूर्णिया के अमौर में 28.6 मिमी, गया के बजीरगंज 28.4 मिमी, गोपालगंज में 27.6 मिमी, किशनगंज के चरघरिया में 24.0 मिमी बरखा दर्ज भइल।

एकरा अलावे कटिहार के कदवा में 22.4 मिमी, पूर्वी चंपारण के ढाका में 20.4 मिमी, जमुई में 18.2 मिमी, गोपालगंज के बरौली में 18.2 मिमी, पूर्णिया के रूपौली में 16.0 मिमी, कटिहार के बलरामपुर में 15.2 मिमी, किशनगंज के तैबपुर में 15.2 मिमी वर्षा दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]