Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ओमिक्रोन के दू नया वेरिएंट मिलले से सहमल चीन, लागल कई शहर में लॉकडाउन, आवाजाही पs भी रोक

136
Google Ads 300*250 for posts

दुनियाभर में कम होत कोरोना संक्रमण के मामला के बीच चीन में फिर से कोविड-19 ने लोग के चिंता बढ़ा देहले बा। आलम ई बा कि चीनी सरकार कई शहरन में लॉकडाउन लगावे के फैसला कइले बा। देश के आधिकारिक सीसीटीवी चैनल के मुताबिक, हालही में अधिक संख्या में नया संक्रमित मरीजन के मिलले के बाद कई शहर में सोमार के लॉकडाउन लगा दिहल गइल।

दरअसल, चीन में सप्ताह भर के छुट्टी के दौरान कोविड-19 के मामला के संख्या तीन गुना बढ़ले के चलते सरकार कुछ शहर में दुबारा लॉकडाउन अउर यात्रा पर प्रतिबंध लगावे के फैसला कइल गइल बा। चीन में ओमिक्रोन के 2 नया वेरिएंट BF.7 अउर BA.5.1.7. के पता लगले के बाद लॉकडाउन अउर यात्रा प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा। दूनों वेरिएंट अत्यधिक संक्रामक अउर तेजी से फइले वाला बा।

चीन में बढ़ल संक्रमण के मामिला

चीन में 10 अक्टूबर के 2,089 नया कोरोना केस सामने आइल। जेकरे बाद शंघाई में 2 करोड़ 50 लाख लोग के कोरोना टेस्ट कइल गइल। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, कुछ स्थानीय अधिकारी लोग जल्दबाजी में स्कूल, मनोरंजन स्थल अउर पर्यटन स्थल के भी बंद कs दिहल गइल बा। चीन के राष्ट्रीय स्वास्थ्य आयोग के मुताबिक, 11 अक्टूबर के 1760 नया मामिला सामने आइल बा। जेमें बीजिंग, शंघाई, शेनझेन अउर जियान जइसन शहरन के मामिला शामिल बा।

कई शहरन में लॉकडाउन

हाल ही में कइल गई कोविड-19 जांच के दौरान ज्यादा संख्या में नयका संक्रमितन के मिलले के बाद उत्तरी चीन के शांक्सी प्रांत के फेनयांग शहर में सोमार के लॉकडाउन लगा दिहल गइल। उहवें, होहोट घोषणा कइलस कि मंगर से बाहरी वाहन अउर यात्रियन के शहर में प्रवेश प्रतिबंधित कs दिहल जाई। होहोट में पिछले 12 दिन में कोरोना संक्रमण के दू हजार से अधिक मामले दर्ज कइल गइल बा।

ग्लोबल टाइम्स के रिपोर्ट के अनुसार, सब वेरिएंट BA.5.1.7 पहिला बेर चीन में पावल गइल। स्थानीय रोग रोकथाम अउर नियंत्रण केंद्र के उप निदेशक ली शुजियान बतवलें कि BF.7 सब वेरिएंट के पुष्टि सबसे पहिले उत्तर पश्चिमी चीन में भइल रहे। स्थानीय रिपोर्ट्स के अनुसार, 4 अक्टूबर के यंताई अउर शोगुआन शहर में बीएफ.7 के पता चलल रहे। रिपोर्ट्स के मुताबिक, BF.7 बेल्जियम, जर्मनी, फ्रांस, डेनमार्क अउर इंग्लैंड में भी फैल रहल बा।

356870cookie-checkओमिक्रोन के दू नया वेरिएंट मिलले से सहमल चीन, लागल कई शहर में लॉकडाउन, आवाजाही पs भी रोक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.