[the_ad_group id="30365"]

‘आरक्षण के फल नीचे तक नइखे पहुंचल, अभिन अउर सुधार के बा जरूरत’, मानवाधिकार आयोग के अध्यक्ष के बड़ बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग (NHRC)के अध्यक्ष न्यायमूर्ति (सेवानिवृत्त) अरुण कुमार मिश्रा बुध के कहलें कि आरक्षण के फल नीचे तक नइखे पहुंचल। राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग के स्थापना दिवस पर  अपने संबोधन में मिश्रा तत्काल जेल सुधार पर भी जोर दिहलें।
उ कहलें कि समाज के वंचित वर्ग के सामाजिक-आर्थिक अउर राजनीतिक उत्थान खातिर कई उपाय कइल गइल बा। अधिक सकारात्मक कार्रवाई के आवश्यकता बा। उ कहलें कि ई स्पष्ट करे के समय आ गइल बा कि समग्र विकास सुनिश्चित करे खातिर ओ वर्ग के भी आरक्षित श्रेणी के तहत आरक्षण मुहैया करावल जाए, जिनके अब ले ई सुविधा नइखे मिलल, काहेसेकि आरक्षण के फायदा समाज के निचले तबका तक नइखे पहुंचल।

अभिन कुछ वर्ग के उत्थान खातिर आरक्षण के आवश्यकता

हालांकि, भारत में कई सामाजिक-आर्थिक कल्याणकारी योजना बा, जेकरे उत्थान ख़ातित अभिनो आरक्षण के आवश्यकता बा। मिश्रा कई अन्य मानवाधिकार से संबंधित मुद्दा के भी हरिहर झंडी दिखवलें अउर एह बात पर जोर दिहलें कि सबक़े खातिर लैंगिक समानता अउर समानता महत्वपूर्ण रहल।

उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ देहलें प्रतिक्रिया

उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ एनएचआरसी स्थापना दिवस पर अपने संबोधन में कहलें कि एगो राष्ट्र के तौर पर भारत न त कब्बो विस्तारवाद पर विश्वास कइलस अउर न कब्बो एह पर अमल कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]