Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: अनियंत्रित कार आ बाइक के टक्कर में दु के मौत, एक के हालत गंभीर

गोरखपुर से बड़हलगंज के तरफ जा रहल अर्टिका कार गगहा चौराहा पs अनियंत्रित होके सामने से बाइक पs सवार होके आ रहल दु जुवकन के टक्कर मारत डिवाइडर के पार करत सड़क के दोसरा तरफ चल गइल। घटना के बाद कार चालक मवका से फरार हो गइल।

440

गोरखपुर जिला में गगहा चौराहा पs मंगर के दिन में अनियंत्रित होके तेज रफ्तार कार सामने से आ रहल बाइक के ठोकर मार दिहल। हादसा में बाइक सवार जुवक के मवका पs मौत हो गइल। जबकि कार सवार की जिला अस्पालात में इलाज के दौरान मौत हो गई। हादसा के बाद चालक मवका पs कार छोड़के फरार हो गइल। ओहिजा बाइक पs सवार एगो आउर जुवक के उपचार एगो निजी अस्पताल में चल रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, गोरखपुर से बड़हलगंज के तरफ जा रहल अर्टिका कार गगहा चौराहा पs अनियंत्रित होके सामने से बाइक पs सवार होके आ रहल दु जुवकन के टक्कर मारत डिवाइडर के पार करत सड़क के दोसरा तरफ चल गइल। घटना के बाद कार चालक मवका से फरार हो गइल।

दुर्घटना के बाद आसपास के लोगन के मदद से घायलन के सीएचसी गगहा पहुंचावल गइल। डॉक्टर जांच के बाद बाइक सवार के मृत घोषित कs दिहल। मृतक के पहचान मऊ जिला के मोहम्दाबाद गोहना निवासी योग प्रजापति (28) के रूप में भइल बा। ऊ बिना हेलमेट के बाइक चलावत रहे। बाइक के पीछे बइठल ओहि गांव के राम अवतार मौर्य (32) के गंभीर चोट आइल बा।

दुर्घटना के सूचना पs पहुंचल परिजन ओकरा के आजमगढ़ लेत गइल लो, जहां एगो निजी अस्पताल में ओकर उपचार चल रहल बा। ओहिजा कार सवार के पहचान सहजनवां क्षेत्र के भरूहा पीवेर निवासी भरत लाल गुप्ता (44) के रूप में भइल। ओकरा के उपचार खातिर जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां इलाज के दौरान ओकर मौत हो गइल। गगहा थानेदार सूरज सिंह बतवलें कार के कब्जा में लेके शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा। तहरीर मिलला पs आगे के कार्रवाई कइल जाई।

सड़क मरम्मत के चलते एके गो लेन से हो रहल बा आवागमन

गोरखपुर-वाराणसी हाइवे पs गोबरहिया मोड़ से गगहा मुख्यालय तक एक लेन के सड़क के मरम्मत के काम चल रहल बा। जवना के चलते एके लेन से आवागमन हो रहल बा। जवना से आइल दिन हादसा के इस्थिति बनल रहत बा।

साभार: अमर उजाला

579680cookie-checkगोरखपुर: अनियंत्रित कार आ बाइक के टक्कर में दु के मौत, एक के हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.