[the_ad_group id="30365"]

MP के दतिया में बड़ हादसा, उफनत नदी में जा गिरल ट्रक, 10 लोगन के मऊत; शादी समारोह में शामिल होखे जात रहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मध्य प्रदेश के दतिया में एगो भयानक हादसा के खबर सामने आ रहल बा। इहाँ एगो बेकाबू आयशर ट्रक उफनत नदी में गिर गईल, जवना में ट्रक में सवार 12 लोग के मउत हो गईल, जबकि 30 से जादा लोग घाही हो गईले। घटना दतिया के दुरसडा थाना अंतर्गत बुहारा गांव के ह। बतावल जा रहल बा कि ई सब लोग ट्रक में सवार होके एगो बियाह समारोह में शामिल होखे जात रहले जब ई दर्दनाक दुर्घटना भइल।

ड्राइवर के लापरवाही के चलते दुर्घटना

एसपी प्रदीप शर्मा कहले कि, दुरसड़ा इलाका के बुहारा गांव के नजदीक एगो निर्माणाधीन पुल बा, ग्वालियर के बिलहेटी गांव के एगो परिवार शादी के रस्म में शामिल होखे खातीर अपना आयशर गाड़ी से टीकमगढ़ जात रहे, ओ लोग के ड्राइवर के चौड़ाई ना बुझाईल । जवना के चलते गाड़ी पलट गईल। फंसल लोग के बचा लिहल गईल बा। परिवार के लोग से पूछताछ कईल जाता।”

गृहमंत्री बचाव के काम में तेजी ले आवे के देले निर्देश

घटना के बाद से मौका पs बचाव के काम चलता अवुरी पुलिस अवुरी प्रशासन के अधिकारी मौका पs पहुंच गईल बाड़े। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। गृहमंत्री डॉ. नरोत्तम मिश्रा बचाव के काम में तेजी ले आवे के निर्देश दिहले बाड़न। एकरा संगे एकरा से पीड़ित परिवार के हर संभव मदद मिले के बात कहल गईल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]