Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इ स्मार्ट राखी भाई लोग के करी रक्षा, दुर्घटना होखते ब्लड ग्रुप अवुरी लोकेशन के मैसेज भेज दिही

2,083

रक्षाबंधन के दिन बहिन भाई के कलाई प राखी बान्हेले अवुरी भाइओ बहिन के रक्षा करे के वादा करेले। लेकिन, इंजीनियरिंग के दुगो छात्रा अयीसन स्मार्ट राखी बनवले बाड़ी जवन कि भाई लोग के रक्षा के संगे-संगे कलाई के सुंदरता बढ़ावे में मददगार साबित होई। राखी में एगो बटन बा जवना में इ डिवाइस बा, जवना के दुर्घटना के स्थिति में दबावे प डालल नंबर प खतरा अलर्ट भेजल जाई, संगही ब्लड ग्रुप अवुरी लोकेशन के मैसेज भी दिहल जाई।

ई स्मार्ट राखी कम्प्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग, इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी एंड मैनेजमेंट (आईटीएम), गीडा के छात्रा पूजा यादव, आ फार्मेसी के छात्रा विजया रानी ओझा बनवले बाड़ी। एकर नाम ह स्मार्ट मेडिकल सेफ्टी राखी।

ई लोग बतवली कि इ राखी भी देखे में बहुत सुंदर बा। एकरा में सुरक्षा के सुविधा बा, जवन कि खतरा के समय बहुत उपयोगी साबित होई। संस्थान के निदेशक डॉ. एनके सिंह कहले कि ए नवाचार के जल्दी से जल्दी बाजार में ले आवे के प्रयास कईल जाई।

बटन के एक बेर दबावे के पड़ी

छात्रा बतवली कि राखी में लागल ए डिवाइस में पांच मोबाइल नंबर डालल जा सकsता। परिवार के सदस्य के संख्या के अलावे डॉक्टर एम्बुलेंस के नंबर दर्ज क सकल जाला। अप्रिय घटना के स्थिति में राखी में एक बेर बटन दबावे के पड़ी, जीपीएस के माध्यम से परिवार के लोग के मोबाइल प खतरा के संदेश पहुंच जाई। लोकेशन भी आ जाई।

900 आई लागत बा

ई स्मार्ट राखी बनावे में 900 रुपिया खरच हो गइल बा. एकरा में ब्लूटूथ अवरू बैटरी के अलावे नैनो पार्ट के इस्तेमाल कईल गईल बा। एकरा से एक चार्ज प करीब 12 घंटा के बैकअप मिली। गाड़ी चलावत घरी एकरा के ब्लूटूथ से जोड़ल जा सकता

307560cookie-checkइ स्मार्ट राखी भाई लोग के करी रक्षा, दुर्घटना होखते ब्लड ग्रुप अवुरी लोकेशन के मैसेज भेज दिही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.