मणिपुरः कुकी उग्रवादियन के हमला में CRPF के दु गो जवान शहीद

Share

 

मणिपुर में कुकी आतंकियन के हमला में सीआरपीएफ के दू गो जवान शहीद हो गइल बाड़े। मणिपुर के विष्णुपुर जिला के नारनसेना में तैनात सीआरपीएफ के सैनिकन पs आतंकवादी हमला कइले। शनिचर के रात जवान सुतल रहले आ एकर फायदा उठावत आतंकवादी ओह लोग पs हमला कs दिहले। मणिपुर पुलिस के मुताबिक हमला में जान गंवावे वाला दुनो जवान सीआरएफपी के 128 बटालियन के हवे। विष्णुपुर जिला के नारनसेना में तैनात रहे।

 

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-