Maharajganj: डेढ़ किलो सोना आ डेढ़ करोड़ रुपिया के साथे तीन भारतीय समेत सात गो गिरफ्तार, जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2024

  नेपाल काठमांडू पुलिस नगद आ सोना के साथे तीन गो भारतीय नागरिक समेत सात जने के गिरफ्तार कs मामिला के छानबीन करत बिया। गिरफ्तार सात लोग में से चार लोग नेपाली अवुरी तीन भारतीय

Share

 

नेपाल काठमांडू पुलिस नगद आ सोना के साथे तीन गो भारतीय नागरिक समेत सात जने के गिरफ्तार कs मामिला के छानबीन करत बिया। गिरफ्तार सात लोग में से चार लोग नेपाली अवुरी तीन भारतीय नागरिक हवे, जवना के बारे में महाराष्ट्र के निवासी बतावल जाता। ओकरा के डेढ़ किलो से अधिका सोना आ करीब डेढ़ करोड़ रुपिया के साथे गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।

पुलिस डीएसपी राजन श्रेष्ठ बतवले कि गुप्त सूचना मिलल कि कुछ लोग अवैध सोना के कारोबार करतारे। पुलिस टीम तलाशी खातीर गईल अवुरी मौका से महाकाली नम्बर पालिका निवासी गणेश दत्त बडू के गिरफ्तार कs लेलस। एकरा संगे 6 अवुरी लोग के भी गिरफ्तार कईल गईल। उs बतवले कि उनुका लगे से 1768.25 ग्राम सोना अवुरी एक करोड़ 43 लाख 60 हजार रुपिया बरामद भईल बा। मामिला दर्ज हो चुकल बा अवुरी घटना के जांच कईल जाता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.