[the_ad_group id="30365"]

हरदी के पानी पाचन से लेके कॉलेस्ट्रोलो के दिक्कत करेला दूर, इहां जानि एकर फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हरदी के पानी : हरदी में औषधीय गुण भरपूर होखेला। हरदी में एंटीबैक्टीरियल गुण होखेला जवन कि शरीर के बेमारी से मुक्त राखेला। हरदी के पानी बनावल भी आसान बा। कच्चा हरदी भा पिसल हरदी के पानी के सेवन कs सकेनी। एक कप पानी में हरदी डाल के उबाल लीं। हरदी के पानी त बस तैयार बा। इ पानी गुनगुना चाय निहन भी पीवल जा सकता। हरदी के पानी पियला से कोलेस्ट्रॉल, डायबिटीज अवुरी पाचन संबंधी समस्या से भी छुटकारा मिलेला।

हरदी के पानी पीये के फायदा  

वजन कम होखे लागेला

हरदी के पानी चर्बी जरावे में असर देखावेला। अगर एह पानी के नियमित सेवन कइल जाव त पेट कम होखे लागेला। एकरा के सबेरे खाली पेट पीयल जा सकेला।

इम्यूनिटी बढ़ावेला

शरीर के इम्यूनिटी बढ़ावे में भी हरदी के असर देखल जाला। हरदी के सेवन भी सर्दी अवुरी फ्लू जईसन वायरस संक्रमण के दूर राखे में कारगर होखेला।

हाई कोलेस्ट्रॉल अवुरी डायबिटीज खातीर

नियमित रूप से हरदी के पानी पियला से डायबिटीज के समस्या में राहत मिल सकता। एकरा अलावे स्वास्थ्य से जुड़ल समस्या जईसे हाई ब्लड कोलेस्ट्रॉल अवुरी हाई ब्लड प्रेशर में भी हरदी के पानी पियल जा सकता।

शरीर हो जाला डिटॉक्स

शरीर में विषाक्त पदार्थ के जमाव के चलते एकर असर स्वास्थ्य के संगे त्वचा पs भी देखाई देवे लागेला। अयीसना में हरदी के पानी डिटॉक्स के पानी निहन पियल जा सकता। हरदी के पानी पियला के बाद शरीर से विषैला पदार्थ निकल जाला अवुरी ओकरा में मौजूद एंटी-ऑक्सीडेंट शरीर के नुकसान पहुंचावे वाला फ्री रेडिकल्स के भगावेला।

संक्रमण दूर रहेला

मौसमी संक्रमण जइसे कि सर्दी आ हल्का बोखार आदि हरदी के पानी से दूर रहेला। एकरा अलावे त्वचा के संक्रमण अवुरी पिंपल्स के समस्या भी दूर हो जाला।

अस्वीकरण: ई सामग्री खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]