कार्तिक आर्य के राज मंगल का दिनो बॉक्स ऑफिस पर जारी रहल. कियारा आडवाणी आ तबू अभिनीत फिलिम ‘भूल भुलैया 2’ के जादू पंजाबी, मराठी, तेलुगु आ हिंदी फिलिमन से आगे भी फीका ना पड़ल आ मंगल का दिने ई फिलिम सबले बेसी कमाई करे वाला रिकार्ड बनवलसि. एकरा संगे-संगे कंगना रनौत के फिल्म के प्रदर्शन निराशाजनक रहे।
भूलभुलैया 2 में बॉलीवुड अभिनेता कार्तिक आर्य आ कियारा आडवाणी अभिनीत भूल भुलइया 2 के अबले 75 करोड़ रुपिया के वसूली भइल बा. उमेद बा कि अनीस बजमी के ई फिलिम जल्दिए बॉक्स ऑफिस पर सौ करोड़ रुपिया के निशान पार कर दी. दिनवार संग्रह के बात करत ‘भूल भुलइया 2’ अपना पांचवा दिन 9.40 करोड़ के कारोबार कईले बिया।
Post Views: 4