[the_ad_group id="30365"]

TSBSE TS SSC Result: टीएसबीएसई जारी कइलस एसएससी पूरक परीक्षा परिणाम, अइसे चेक करीं रिजल्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

टीएस एसएससी पूरक परिणाम 2023 : तेलंगाना माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (टीएसबीएसई) टीएस एसएससी पूरक परिणाम 2023 के 7 जुलाई 2023 बियफे के दिने जारी कइले बा। बोर्ड तेलंगाना के दसवीं पूरक परीक्षा 2023 के आयोजन ओह विद्यार्थियन खातिर कइले रहुवे जे फाइनल परीक्षा में क्लियर ना कर पवले रहुवे। एह परीक्षा में शामिल विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट bse.telangana.gov.in से आपन स्कोर कार्ड जाँच क सकेलें आ डाउनलोड कर सकेलें।

टीएस एसएससी के पूरक परीक्षा रिजल्ट 2023 के घोषणा 7 जुलाई बियफे के दिने दुपहरिया तीन बजे होखे वाला बा। विद्यार्थियन के आपन रिजल्ट ऑनलाइन देखे खातिर अपना लॉगिन क्रेडेंशियल के इस्तेमाल करत आधिकारिक पोर्टल में लॉग इन करे के पड़ी। टीएस एसएससी के पूरक परीक्षा में क्वालीफाई करे खातिर विद्यार्थियन के हर विषय में कम से कम 33 फीसदी अंक लेबे के पड़ी। अधिक जानकारी खातिर विद्यार्थियन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ लोग नियमित रूप से आधिकारिक वेबसाइट पs जाँच करत रहे।

टीएसबीएसई टीएस एसएससी रिजल्ट 2023: डाउनलोड कईसे कईल जाला?

– उम्मीदवार सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट bse.telangana.gov.in पs लॉग ऑन करे के होई।

– होम पेज पs कक्षा दसवीं बोर्ड के पूरक परिणाम 2023 खातिर दिहल लिंक पs क्लिक करीं।

– एगो नया विंडो खुली, आपन क्रेडेंशियल के इस्तेमाल क के लॉग इन करीं आ सबमिट करीं।

-स्क्रीन पs राउर पूरक परिणाम लउकी।

-स्कोरकार्ड डाउनलोड करीं आ आगे के संदर्भ खातिर ओकर हार्ड कॉपी ले लीं।

-टीएस कक्षा दसवीं के पूरक परीक्षा 14 जून से 22 जून 2023 ले चलावल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]