Trump: ‘मस्क आपन दुकान बंद कs के दक्षिण अफ्रीका लवट जास’, ट्रंप देलें टेस्ला के सब्सिडी रोके के धमकी

Share

सेंट्रल डेस्क। ट्रंप के बिग ब्यूटीफुल बिल के खिलाफ एलन मस्क लगातार मुखर बाड़ें आ बिल के विरोध कs रहल बाड़ें। अब लाग रहल बा कि ट्रंप के सब्र के बांध टूट गइल बा आ अब उ मस्क के धमकी दे देले बाड़ें। ट्रंप मस्क के कंपनियन के दिहल जाये वाली सब्सिडी बंद करे के धमकी देले बाड़ें आ कहलें कि मस्क आपन दुकान बंद करस आ दक्षिण अफ्रीका वापस लवट जास।

ट्रंप के मस्क के सब्सिडी रोके के धमकी

ट्रंप ट्रुथ सोशल पs साझा एगो पोस्ट में लिखलें कि ‘एलन मस्क के राष्ट्रपति पद खातिर हमार समर्थन कर से पहिलही पता रहे कि हम ईवी जनादेश के खिलाफ बानी। ई बकवास बा आ हम हमेसा अपना अभियान में एकर जिकिर कइलें। इलेक्ट्रिक कार ठीक बाड़ी सs, बाकिर हर केहू पs ओकनी के थोपल नइखे जा सकत। एलन मस्क के इतिहास में कवनो व्यक्ति से जादे सब्सिडी मिल सकत बा आ सब्सिडी के बिना एलन मस्क के सायद आपन दुकान बंद कs के दक्षिण अफ्रीका वापस लवटे के होई। कवनो आउर रॉकेट लॉन्च, सैटेलाइट भा इलेक्ट्रिक कारन के उत्पादन ना होई आ हमनी के देस के बहुत सारा पईसा बाची। सरकारी दक्षता विभाग केएह बारे में गहराई से विचार करे के चाहीं। बहुत सारा पईसा बचावल जाये के चाहीं।’

मस्क बिग ब्यूटीफुल बिल के आलोचना कइलें

ट्रंप के ई पोस्ट अइसन समय आइल बा, जब एलन मस्क सोशल मीडिया पs साझा एगो पोस्ट में ट्रंप के बिग ब्यूटीफुल बिल के तीखा आलोचना कइलें आ संगही धमकी देलें कि जे संसद सदस्य बिग ब्यूटीफुल बिल के समर्थन करी। ओकरा अगिला साल होखे वाला प्राइमरी चुनाव में हार के सामना करे के पड़ सकत बा। मस्क अपना पोस्ट में लिखलें कि ‘कांग्रेस के हर सदस्य, जे सरकारी खर्च में कटौती आ देस के इतिहास में सबसे जादे कर्ज में इजाफा करे में समर्थन कs रहल बा, ओकर माता शर्म से झुके के चाहीं। उ लोग अगिला साल होखे वाले प्राइमरी चुनाव में हारी।’ मस्क इहो धमकी देलें कि अगर बिल पारित हो गइल तs ओकरा अगिलही दिन उ आपन नया पार्टी लॉन्च कs दिहें। मस्क कहलें कि देशवासियन के डेमोक्रेटिक पार्टी आ रिपब्लिकन पार्टी के अलावे विकल्प मिले के चाहीं, जे ओकर आवाज उठा सके।

Read Also: MS Dhoni on Captain Cool: ‘कैप्टन कूल’ उपनाम खातिर पूर्व कप्तान धोनी मंगले ट्रेडमार्क, आवेदन कइलें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-