Census: पहिला चरण में अप्रिल से मकान सूचीकरण के सुरुआत, सरकार करी हर घर में मवजूद सुविधा के जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 29, 2025

सेंट्रल डेस्क। भारत सरकार स्वतंत्रता के बाद देस के आठवीं जनगणना के तइयारी शुरू कs देले बिया। जनगणना के पहिला चरण 1 अप्रिल 2026 से सुरू होई। एमे हाउस लिस्टिंग ऑपरेशन (HLO) कइल जाई। का

Share

सेंट्रल डेस्क। भारत सरकार स्वतंत्रता के बाद देस के आठवीं जनगणना के तइयारी शुरू कs देले बिया। जनगणना के पहिला चरण 1 अप्रिल 2026 से सुरू होई। एमे हाउस लिस्टिंग ऑपरेशन (HLO) कइल जाई।

का होला मकान सूचीकरण कार्य?

एह चरण में अधिकारियन के ओर से हर घर के भौतिक निरीक्षण कइल जाई। हर घर से जानकारी लिहल जाई जइसे:

  • देवाल, छत आ फर्श कवना सामग्री से बनल बा?
  • घर में केतनर कमरा बा आ ओमे केतना लोग रहेला?
  • घर में शादीशुदा जोड़ा बा कि ना?
  • घर के मुखिया महिला बाड़ी भा कवनो अनुसूचित जाति/जनजाति से ?

लोगन से पूछल जाई ई सवाल

सरकारी अधिकारी पूछिहें:

  • का घर में मोबाइल, टीवी, रेडियो, इंटरनेट भा वाहन (साइकिल, बाइक, कार आदि) बा?
  • खाना पकावे खातिर कवन ईंधन इस्तेमाल होला— LPG, PNG, लकड़ी भा गोबर?
  • पानी के बेवस्था कहां से होला?
  • शौचालय, नहाने आ खाना बनावे के सुविधा कइसन बा?
  • बिजली भा रोशनी के स्रोत का बा?

जनसंख्या गणना 2027 से होई सुरू

जनगणना के दूसरका चरण 1 फरवरी 2027 से सुरू होई, जेमे देस के जनसंख्या से संबंधित सामाजिक, आर्थिक, शैक्षिक आ सांस्कृतिक जानकारी एकत्र कइल जाई।

Read Also:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.