सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप जब स्विट्जरलैंड के दावोस में होखे वाला वर्ल्ड इकोनॉमिक फोरम (WEF) में सामिल होखे खातिर रवाना भइले, तब उनकर खास विमान एयर फोर्स वन में तकनीकी खराबी आ गइल। अमेरिका से उड़ान भरला के करीब एक घंटा बाद विमान के एहतियातन जॉइंट बेस एंड्रयूज पS वापस लवटे के पड़ल।
व्हाइट हाउस के प्रेस सचिव कैरोलिन लीविट जानकारी देत बतवलें कि उड़ान के दौरान विमान में मामूली इलेक्ट्रिकल तकनीकी समस्या लउकल। सुरक्षा के लिहाज से पायलट आ सुरक्षा एजेंसी फैसला कइलस कि विमान के आगे ना बढ़ावल जाव आ सुरक्षित रूप से वापस ले आवल जाये।
विमान में मवजूद एगो पत्रकार के मोताबिक, टेकऑफ के कुछ देर बाद प्रेस केबिन के लाइट कुछ समय खातिर बंद हो गइल रहे। हालांकि, ओह समय कवनो आधिकारिक वजह साफ ना कइल गइल। उड़ान के लगभग आधा घंटा बीतला के बाद पत्रकारन के जानकारी दिहल गइल कि एयर फोर्स वन वापस वॉशिंगटन डीसी लवट रहल बा। राहत के बात ई रहे कि विमान पूरा तरे सुरक्षित लैंड कइलस।
एकरा बाद राष्ट्रपति ट्रंप आ उनकर प्रतिनिधिमंडल बैकअप विमान से स्विट्जरलैंड के दावोस खातिर रवाना भइल। ई दौरा ट्रंप के दोबारा राष्ट्रपति बनला के बाद वर्ल्ड इकोनॉमिक फोरम में पहिला प्रत्यक्ष हिस्सा लेवे वाला यात्रा हs। दावोस पहुंच के ट्रंप के अमेरिकी आर्थिक नीतियन, गैस के कम कीमत आ मजबूत अर्थबेवस्था पs वैश्विक मंच से बोले के कार्यक्रम बा।
बतावल जा रहल बा कि अभी एयर फोर्स वन के रूप में इस्तेमाल हो रहल दुनो विमान करीब 40 साल पुरान बा। बोइंग कंपनी नया विमान तइयार कs रहल बिया, बाकिर ई परियोजना लगातार देरी झेल रहल बा। एयर फोर्स वन में रेडिएशन शील्डिंग, एंटी-मिसाइल सिस्टम आ अत्याधुनिक संचार सुविधा लागल होला, ताकि राष्ट्रपति दुनिया के कवनो कोना से सैन्य संपर्क बना सकें।
गौर करे वाला बात ई बा कि पिछिला साल कतर के शाही परिवार ट्रंप के एगो लग्जरी बोइंग 747-8 जंबो जेट गिफ्ट कइले रहे। फिलहाल ऊ जेट सुरक्षा मानक के हिसाब से बदले जा रहल बा। मजाकिया लहजा में प्रेस सचिव लीविट कहलीं कि “अभी तs कतर वाला जेट जादे बढ़िया विकल्प लागत बा।”
डब्ल्यूईएफ के 56वां सालाना बैठक 19 से 23 जनवरी 2026 तक दावोस में हो रहल बा, जहां 130 से जादे देसन के करीब 3,000 वैश्विक नेता हिस्सा ले रहल बा लोग।







