[the_ad_group id="30365"]

Tamil Nadu Governor : राष्ट्रगान के ना मिलल सम्मान’, नाराज हो के विधानसभा से बाहर निकलले तमिलनाडु के राज्यपाल

Tamil Nadu Governor RN Ravi walking out of the state assembly over national anthem issue
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। तमिलनाडु सरकार आ राज्यपाल आर एन रवि के बीच एक बेर फेर नोंक-झोंक के खबर सामने आवत बा। आर एन रवि विधानसभा सत्र के बीच में छोड़ के बहरी चल गइलें। ऊ तमिल एंथम के बाद राष्ट्रगान बजावे के मांग करत रहलें, जवना के स्पीकर अप्पावु माने से इनकार कs देलें। अइसन में आर एन रवि सदन के संबोधित कइले बिना कार्रवाई के बहिष्कार कs देलें।

राज्यपाल तीसरा बेर सदन के बहिष्कार कइलें। एकरा से पहिले ऊ 2024 आ 2025 में भाषण ना देले रहलें। तमिलनाडु लोकभवन प्रेस रिलीज जारी करत एह पूरा ममिला के जानकारी देलें।

राज्यपाल के कहनाम?

तमिलनाडु विधानसभा में राज्यपाल आर एन रवि कहलें, “हमनी के बहुते दुख बा कि राष्ट्रीय गान के सम्मान नइखे दिहल जात। ई दुर्भाग्य हs कि संबोधन में बाधा पड़ल बा। हम अपना जिम्मेदारियन से भलीभांति अवगत बानी। बाकिर, राष्ट्रीय गान के पूरा सम्मान मिले के चाहीं।”

स्पीकर देलें सफाई

राज्यपाल के मांग पs प्रतिक्रिया देत तमिलनाडु के स्पीकर अप्पावु कहलें, “विधानसभा में खाली विधायकन के आपन विचार साझा करे के अनुमति होला। केहु आपन विचार ना थोप सकेला। सरकार राज्यपाल के संबोधन कs के तइयारी कs के रखले रहस”।

हमार माइक बंद कइल गइल : राज्यपाल

हालांकि, राज्यपाल आर एन रवि कहलें कि, “हमनी के माइक बंद कs दिहल गइल रहे आ हमनी के बोले ना दिहल गइल। एकरा से हमके अपमानित महसूस भइल।”

Read Also: Saina Nehwal Retirement : ओलंपिक पदक विजेता साइना नेहवाल कइली संन्यास के एलान, कहली- अब नइखी खेल सकत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]