[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में सड़क सुरक्षा अभियान के अंतर्गत जागरूकता रैली आ नुक्कड़ नाटक के भइल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाेरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना द्वारा सड़क सुरक्षा अभियान के अंतर्गत मंगर के सड़क सुरक्षा जागरूकता रैली आ नुक्कड़ नाटक के आयोजन भइल।

कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता आ डॉ. शत्रुघ्न सिंह के निर्देशन में सबेरे 11 बजे राष्ट्रीय सेवा योजना के स्वयंसेवकन आ स्वयंसेविका बक्शीपुर चौराहा से होत मारवाड़ इंटर कॉलेज तक सड़क सुरक्षा रैली निकालल लोग। एकरा उपरांत मारवाड़ इंटर कॉलेज के तिराहा पs ऊ लोग सड़क सुरक्षा से संबंधित एगो नुक्कड़ नाटक के प्रस्तुति दिहल। जेमे ऊ लोग अपना अभिनय के माध्यम से हेलमेट के अनिवार्यता, मद्यपान कs के वाहन ना चलावल आ एम्बुलेंस के रास्ता देवे के अनिवार्यता संबंधी सनेस देवे के प्रयास कइल।

नुक्कड़ नाटक में आयुष, आसिफ, आदर्श, रिया, खुशी, वसीम, नाजिया, जेनिश, अभिषेक आदि विद्यार्थी भाग लिहल लोग। जबकि सड़क सुरक्षा रैली में अनमोल, श्रद्धा, मरियम, आयुष, कसक, रचना, रिद्धिमा, छाया आदि विद्यार्थी हिस्सा लिहल लोग।

Read Also: Saina Nehwal Retirement : ओलंपिक पदक विजेता साइना नेहवाल कइली संन्यास के एलान, कहली- अब नइखी खेल सकत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]