[the_ad_group id="30365"]

बियाह के कार्ड बांटे जा रहल 3 जुवकन के रउदलस ट्रक: 2 के मौत, जवना के बियाह होखे वाला बा ओकर बचल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में बियाह के कार्ड बांटे जा रहल बाइक सवारन के ट्रक  रउद देलस। हादसा में एगो के मवके पs मौत हो गइल। दूसरका के अस्पताल ले गइला के बाद। ओहिजा, तीसरका जख्मी बा। जवना के बियाह होखे वाला बा। मृतकन के पहचान खरौनी निवासी मुकेश राम के 23 साल के लईका अर्जुन राम आ वीर बहादुर राम के 19 साल के लईका मितेश कुमार के रूप में भइल बा। अर्जुन के मौत मवके पs हो गइल। जबकि जख्मी जुवक परसा शंकरडीह निवासी स्व. वीमल मांझी के बेटा 22 साल के दीपक कुमार के इलाज चल रहल बा। घटना मढ़ौरा अमनौर रोड के एसएच-73 विक्रमपुर स्कूल के लगे के हs।

दुनो जुवक दीपक के बाइक पs बइठल रहे लो

घटना के बारे में बतावल जा रहल बा कि शंकरडीह निवासी दीपक कुमार मढ़ौरा के खरौनी में कार्ड देवे गइल रहस। कार्ड देला के बाद वापस जब अपना घरे जात रहले कि खरौनी निवासी दुनो जुवक अमनौर जाये खातिर दीपक कुमार के बाइक पs बइठ गइल लो। जवना के बाद विक्रमपुर में ट्रक से टक्कर हो गइल आ दुनो जुवकन के मौत हो गइल।

थानाध्यक्ष राजीव कुमार सिंह कहलें कि सड़क दुर्घटना में दु गो जुवकन के मौत भइल। शव के कब्जा में लेके पोस्टमॉर्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल में भेज दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]