[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत के ट्रायल: गोरखपुर से सुबेरे छह बजके पांच मिनट पs लखनऊ खातीर भइल रवाना, यात्रियन में खुशी के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जानकारी के मुताबिक प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 7 जुलाई के प्लेटफॉर्म नंबर एक से वंदे भारत के हरिहर झंडा देखा सकतारे। प्रधानमंत्री के कार्यक्रम लगभग तय हो चुकल बा। लेकिन, अबे ले प्रशासन के ओर से कवनो कार्यक्रम जारी नईखे भईल।

पूर्वोत्तर रेल प्रशासन मंगल के दिने वंदे भारत ट्रेन के ट्रायल रन कइलस सुबह 6:05 बजे गोरखपुर से निकलल ट्रेन 10:20 बजे लखनऊ पहुंचल आ रास्ता में बस्ती आ अयोध्या पs रुकल। लखनऊ से रात 7:15 बजे रवाना होके वंदे भारत रात 11:25 बजे गोरखपुर पहुंच जइहें। एह दौरान ट्रेन के गति अवुरी बाकी तकनीकी पहलू के जांच कईल गईल। ट्रायल रन के दौरान इलेक्ट्रिकल, सिग्नल, मैकेनिकल, ऑपरेशनल के संगे वाणिज्यिक विभाग के अधिकारी अवुरी कर्मचारी मौजूद रहले।

प्रस्तावित कार्यक्रम के मुताबिक सप्ताह में 6 दिन गोरखपुर से वंदे भारत चलावे के योजना बा। गोरखपुर से सबेरे 7 बजे रवाना होई आ सबेरे 11 बजे लखनऊ पहुंची। बदला में इ ट्रेन दुपहरिया 3 बजे लखनऊ से निकल के 7 बजे गोरखपुर पहुंची। संभावना बा कि प्रयागराज तक इ ट्रेन आगे चलावल जा सकता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]