Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में ‘एक पेड़ माँ के नाम’ अभियान के तहत भइल पौधरोपण

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) दयानंद इकाई के तत्वावधान में वन महोत्सव के अवसर पs पौधरोपण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। ई आयोजन “एक पेड़ माँ के नाम”-2.0 अभियान के अंतर्गत मातृ स्वरूप प्रकृति के समर्पित एगो प्रयास के रूप में कइल गइल।

कार्यक्रम के अध्यक्षता कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कइली, जबकि संचालन आ मार्गदर्शन के जिम्मेदारी कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता निभवली। एह अवसर पs अलग-अलग प्रजातियन के पवधा स्वयंसेवकन आ महाविद्यालय के कर्मचारियन के ओर से लगावल गइल। डॉ. संजय कुमार पांडे मुख्य सहजोगी के रूप में सक्रिय भागीदारी निभवलें।

कार्यक्रम में छात्र पर्यावरण संरक्षण के सनेस देत “वृक्ष लगाओ, पर्यावरण बचाओ” के नारा दिहल लो आ सभे पवधन के सुरक्षा आ संरक्षण के संकल्प लिहल लो। प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कहली कि खाली पवधा लगावले पर्याप्त नइखे, हमनी के एकर देखभाल अपना परिवार के सदस्य के तरे करे के चाहीं, ताकि ई वृक्ष बनके आवे वाली पीढ़ियन के स्वच्छ आ सुरक्षित पर्यावरण प्रदान कs सके।

एह आयोजन में एनएसएस के स्वयंसेवकन आ स्वयंसेविका लोग जइसे अमन, आदित्य, सुमर, श्रद्धा, आस्था, मुस्कान आ वैष्णवी विशेष रूप से भाग लेलें आ वृक्षारोपण में जोगदान देलें। कार्यक्रम के माध्यम से कॉलेज परिसर में हरियाली बढ़ावे के संगे-संगे छात्रन में प्रकृति के प्रति जागरूकता विकसित कइल गइल।

Read Also: चीन के फेर लागी मिर्ची, दलाई लामा के भारत रत्न देवे के तइयारी! 80 सांसदों ने प्रस्ताव पर किए हस्ताक्षर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-