दिल्ली-NCR में भूकंप के तेज झटका, घर से बाहर निकलल लोग; 10 सेकेंड तक कांपल धरती

By Shweta Supriya

Published on: Jul 10, 2025

नई दिल्ली। दिल्ली-एनसीआर में बियफे के सबेरे तेज भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। भूकंप के खबर मिलतही लोग अपना घर से बाहर निकल गइल। भूकंप के केंद्र रेवाड़ी गुरुग्राम जिला के सीमा पऽ बसल

Share

नई दिल्ली। दिल्ली-एनसीआर में बियफे के सबेरे तेज भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। भूकंप के खबर मिलतही लोग अपना घर से बाहर निकल गइल। भूकंप के केंद्र रेवाड़ी गुरुग्राम जिला के सीमा पऽ बसल गुरावड़ा गांव में रहल।

बता दीं कि दिल्ली, नोएडा, ग्रेटर नोएडा आ गाजियाबाद सहित हरियाणा के गुरुग्राम समेत कइयन गो शहरन में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। बतावल गइल कि गुरुग्राम में एगो घर पूरा हिल गइल आ आनन-फानन में लोग घर से बहरी निकलल।

जानकारी के मोताबिक सबेरे करीब 9:4 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। एकरा पहिलहूं दिल्ली-एनसीआर में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे।

दहशत में आइल लोग

जइसही भूकंप के झटका महसूस कइल गइल, लोग अपना रिश्तेदारन आ परिचितन के लगे फोन लगाके हालचाल लिहल सुरू कs दिहल। भूकंप के सूचना मिलती लोग दहशत में आइल आ अपना परिजन आउर परिचितन के सकुशल होखला के जानकारी मिलला के बादे निश्चिंत भइल।

Read Also: IND-W vs ENG-W 4th T20: भारत ने चउथा टी20 में इंग्लैंड के छव विकेट से हरवलस, सीरीज में 3-1 के अजेय बढ़त बनवलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.