PM Modi in Brazil’ ई देस ना हम मिटे देहेम…’, ब्राजील में ऑपरेशन सिंदूर के धूम, डांस के संगे भइल पीएम मोदी के ग्रैंड वेलकम

By Shweta Supriya

Published on: Jul 6, 2025

सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना बिदेस यात्रा के चउथा पड़ाव में ब्राजील पहुंच चुकल बांटे। ब्राजील के राजधानी रियो डी जनेरियो में पीएम मोदी के सानदार स्वागत भइल। पीएम चार दिन ब्राजील में बितइहें।

Share

सेंट्रल डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना बिदेस यात्रा के चउथा पड़ाव में ब्राजील पहुंच चुकल बांटे। ब्राजील के राजधानी रियो डी जनेरियो में पीएम मोदी के सानदार स्वागत भइल। पीएम चार दिन ब्राजील में बितइहें। एह दौरान उ 17वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में हिस्सा लिहें।

प्रवासी भारतीय लोग पारंपरिक नृत्य आ लोकगीत के संगे ब्राजील में पीएम मोदी के भव्य स्वागत कइल। खास बात ई बा कि एह डांस परफॉर्मेंस के थीम ऑपरेशन सिंदूर पऽ आधारित रहे, जेमे “ये देश नहीं मिटने दूंगा” गाना पऽ लोग थिरकत नजर आइल।

ब्रिक्स शिखर सम्मेलन

बता दीं कि आज आ काल्ह माने 6-7 जुलाई के ब्राजील में 17वां ब्रिक्स शिखर सम्मेलन हो रहल बा। एह सम्मेलन में ब्राजील, रूस, भारत, चीन आ दक्षिण अफ्रीका के नेता हिस्सा ली लो। पीएम मोदी एह देसन के संगे द्विपक्षीय वार्ता कs सकेलें।

कइयन गो मुद्दन पऽ चर्चा करिहें पीएम मोदी

ब्रिक्स के बैठक में पीएम मोदी कई गो बड़ मुद्दा उठा सकेलें। मसलन शांति, सुरक्षा, आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस, जलवायु परिवर्तन, स्वास्थ्य आ फाइनेंस से जुड़ल ममिला के पीएम मोदी के लिस्ट में सामिल होखे के कयास लगावल जात बा, जवना पs ब्रिक्स में चरचा हो सकेला।

9 जुलाई के जइहें नामीबिया

ब्राजील के दौरा खत्म कइला के बाद पीएम मोदी 9 जुलाई के अफ्रीकी देस नामीबिया के रुख करिहें। एह दौरान पीएम मोदी नामीबिया के संसद के संबोधित करिहें। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 8 दिन में 5 देसन के दौरा पऽ बांटे। एमे पहिले पीएम मोदी घाना, त्रिनिदाद एंड टोबैगो आ अर्जेंटीना के दौरा कर चुकल बाड़ें।

Read Also: Rampur: घर के बाहर बेटा सीखत रहे कार, अचानक अनियंत्रित भइल वाहन पिता के रउदलस, अस्पताल में माैत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.