बरौनी-दिल्ली के बीच चली ट्रेन, छपरा वालन के मिली सुविधा : होली बाद वापस जाये वाला यात्रियन के भीड़ देख चलावल जा रहल बा, जानीं शेड्यूल

Share

रेलवे प्रशासन होली पs यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत यात्री जनता के सुविधा खातिर ट्रेन संख्या 04062/04061 बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी दिल्ली से 31 मार्च आ बरौनी से एक अप्रिल के चलाई।

एह ट्रेन के संचालन से छपरा आ अगरी-कगरी के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। बरौनी से चले वाली ट्रेन संख्या 04061 दिन के 11:50 में छपरा पहुंची। जबकि दिल्ली से चले वाली ट्रेन संख्या 04062 रात में 2:40 में पहुंची।

ट्रेन संख्या 04062 दिल्ली-बरौनी होली विशेष गाड़ी 31 मार्च, 2024 के दिल्ली से 08:50 बजे प्रस्थान कs  के अलीगढ़ से 10:37 बजे, टुण्डला से 11:35 बजे, इटावा से 12:40 बजे, कानपुर सेंट्रल से 15:25 बजे, लखनऊ से 17:50 बजे, गोण्डा से 20:35 बजे, बस्ती से 21:55 बजे, गोरखपुर से 23:10 बजे, दूसरका दिन सीवान से 01:00 बजे, छपरा से 02:40 बजे आ हाजीपुर से 04:15 बजे छूटके बरौनी 06:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 04061 बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी 01 अप्रिल, 2024 के बरौनी से 08:00 बजे प्रस्थान कs  के हाजीपुर से 09:35 बजे, छपरा से 11:50 बजे, सीवान से 12:32 बजे, गोरखपुर से 14:50 बजे, बस्ती से 15:52 बजे, गोण्डा से 17:55 बजे, लखनऊ से 20:30 बजे, कानपुर सेंट्रल से 22:25 बजे, दूसरका दिन इटावा से 00:05 बजे, टुण्डला से 01:22 बजे आ अलीगढ़ से 02:42 बजे छूटके दिल्ली 07:35 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में शयनयान श्रेणी के 18, साधारण द्वितीय श्रेणी के दुगो, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के एगो आ एसएलआर के दु कोचन सहित कुल 23 कोच लगावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-