पहिया अउर इंजन के बिना दउड़ी ट्रेन, 10 सेकेंड में छिलल जा सकी मकई

Share

अब, महज 10 सेकेंड के भीतरे बचवा अउर बुजुर्ग भुट्टा छिलल जा सकी। उहवें, बिना स्टीम इंजन अउर पहिया के ही धड़ल्ला से इलेक्ट्रो मैगनेटिक ट्रेन फर्राटा भरत नजर आई। गोरखपुर के परिषदीय स्कूल में पढ़े वाली रिज्जु गौड़ अउर अनुष्का यादव के सुझाव के इंस्पायर अवार्ड मानक योजना के तहत चुनल गइल बा।

चयनित विद्यार्थियन के अपने आइडिया के आधार पs 10-10 हजार रुपया भी सरकार के ओर से मॉडल के तैयार करे के देहल जाई। जनपद से कुल नौ मेधावियन के आइडिया चुनल गइल बा। चौरीचौरा के उच्च प्राथमिक विद्यालय राजधानी में कक्षा आठवीं के छात्रा अनुष्का अपने आइडिया में कम खर्च देखावत इलेक्ट्रो मैगनेटिक ट्रेन के खूबियन के दर्शावल गइल।

अनुष्का बतवली कि एह अत्याधुनिक ट्रेन से सामान्य से ढ़ेर गति से यात्रा होला। कम समय में ढ़ेर दूरी तय कइल जाला। ट्रेन अउर ट्रैक के बीच कौनो भौतिक संपर्क नइखे होत जेकरे परिणामस्वरूप कौनो रोलिंग प्रतिरोध नाइ होला, एहलिए गति में तेजी आवsला। पहिया अउर स्टीम इंजन न होखले से कौनो प्रदूषण नाइ होला। छात्रा के उपलब्धि पs मेंटर डॉ. सुधांशु तिवारी सहित पूरा विद्यालय परिवार शुभकामना दिहले बानें।

अइसही उच्च प्राथमिक विद्यालय बेलकुर गगहा में कक्षा सातवीं के छात्रा रिज्जु गौड़ 10 सेकेंड के अंदर भुट्टा के छिले वाला मशीन बनवले बाड़ी। खास बात ई ह कि एके तैयार करे खातिर घर पर रहल बेकार सामान के प्रयोग कइल गइल। छात्रा के उपलब्धि पर बीईओ गगहा मिनहाज आलम, प्रधानाध्यापक शैलेंद्र कुमार सिंह, प्रवीण कुमार मिश्र, प्राथमिक शिक्षक संघ ब्लॉक इकाई के अध्यक्ष डॉ. सुमंत सिंह, मंत्री हामिद अली आदि बधाई दिहलें।

ई होनहार लोग बिखेरल चमक

इंस्पायर योजना के तहत जिला से कुल नौ विद्यार्थियन के चयन कइल गइल बा। एहमें चौरीचौरा क्षेत्र से सर्वाधिक तीन विद्यार्थियन के चयन भइल बा। एहमें श्री विशवेश्वर उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मीठाबेल में कक्षा नौ के छात्रा वेदिका, श्रीमती पतिराजी देवी गर्ल्स इंटर कॉलेज ब्रह्मपुर के साक्षी, प्राथमिक विद्यालय राजधानी के अनुष्का यादव, बांसगांव विकासखंड के प्राथमिक विद्यालय बेलकुर के रिज्जु, राजकीय हाईस्कूल बेलीपार कौड़ीराम में कक्षा नौवीं के छात्रा रुचित, गोरखपुर से एनई रेलवे गर्ल्स इंटर कॉलेज में कक्षा दसवीं के छात्रा वेदिका शर्मा, गर्वनमेंट हाईस्कूल पतरा के महेश, सहजनवां के लारेंस सीनियर सेकेंड्री स्कूल के वाशु शुक्ला अउर इंटर कॉलेज खानिमपुर के मनीष प्रजापति के नाम शामिल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-