UP Board 2023: यूपी बोर्ड के परीक्षा 16 फरवरी से, इहां देखीं हाईस्कूल-इंटर परीक्षा के पूरा टाइम-टेबल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 10, 2023

यूपी बोर्ड के हाईस्कूल अउर इंटरमीडिएट के बरिस 2023 के परीक्षा 16 फरवरी से शुरू होई। परीक्षा के कार्यक्रम सोमार देर रात जारी कs दिहल गइल बा। हाईस्कूल के परीक्षा 3 मार्च अउर इंटरमीडिएट के

Share

यूपी बोर्ड के हाईस्कूल अउर इंटरमीडिएट के बरिस 2023 के परीक्षा 16 फरवरी से शुरू होई। परीक्षा के कार्यक्रम सोमार देर रात जारी कs दिहल गइल बा। हाईस्कूल के परीक्षा 3 मार्च अउर इंटरमीडिएट के परीक्षा 4 मार्च तक चली।

परीक्षा कार्यक्रम के जानकारी प्रदेश के माध्यमिक शिक्षा राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) गुलाब देवी सोमार के दिहली। परीक्षा दू पालियन में रोजाना सुबह 8 से 11.15 बजे अउर दूपहर 2 से साँझ 5.15 बजे के बीच होई। माध्यमिक शिक्षा मंत्री बतवले कि एह बेर भी बोर्ड परीक्षा के नकलविहीन बनावे के तैयारी कइल गइल बा। बोर्ड परीक्षा में एह बेर 58 लाख 67 हजार 398 परीक्षार्थी पंजीकृत बानें। एहमें हाईस्कूल खातिर पंजीकृत परीक्षार्थियन के संख्या 31 लाख 16 हजार 485 अउर इंटरमीडिएट के परीक्षार्थियन के संख्या 27 लाख 50 हजार 913 बा।

 


खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.