1 सितंबर से ऑनलाइन पेमेंट में होखे वाला बा दिक्कत! Jio-Airtel-Vi यूजर्स के होई परेशानी

Share

 

 

अगर रउरा मोबाइल के इस्तेमाल करेनी तs रउरा खातिर एगो उपयोगी खबर बा। एक सितंबर से भारतीय दूरसंचार उद्योग में बहुत बड़ बदलाव आवे वाला बा।एक सितंबर से मोबाइल यूजर के ऑनलाइन पेमेंट अवुरी ऑनलाइन शॉपिंग के दौरान कुछ समस्या के सामना करे के पड़ सकता। दरअसल, TRAI 1 सितंबर से देश में एगो नाया नियम लागू करे वाला बा, जवना के चलते खरीदारी अवुरी ऑनलाइन भुगतान के दौरान उपयोगकर्ता के ओटीपी में देरी हो सकता।

बता दीं कि टेलीकॉम रेगुलेटरी अथॉरिटी ऑफ इंडिया पछिला कई दिन से ऑनलाइन धोखाधड़ी के रोके अवुरी फर्जी कॉल अवुरी फर्जी मैसेज के रोके के कोशिश करतिया। अब TRAI एह दिशा में एगो बड़ कदम उठावे वाला बा। TRAI एक सितंबर से देश भर में एगो नाया नियम लागू करे जा रहल बा, जवना में फर्जी कॉल अवुरी मैसेज खातीर छानबीन लागू कईल जाई।

मैसेज अवुरी कॉल में फिल्टर लागू कइले के बाद ऑनलाइन भुगतान अवुरी ऑनलाइन खरीदारी के दौरान मिलल ओटीपी में देरी हो सकता। बता दीं कि फिल्टरेशन के चलते जियो, एयरटेल अवुरी वोडाफोन आइडिया के इस्तेमाल करेवाला के समस्या के सामना करे के पड़ सकता। ए संबंध में ट्राई देश के सभ दूरसंचार कंपनी के दिशा-निर्देश भी देले बिया।

TRAI दिहलस दिशा निर्देश

TRAI के गाइडलाइन में कहल गइल बा कि 1 सितंबर 2024 से यूआरएल, ओटीटी लिंक, एपीके (एंड्रॉइड एप्लिकेशन पैकेज), भा कॉल-बैक नंबर वाला मैसेज के ब्लॉक करीं जवन दूरसंचार कंपनी में रजिस्टर्ड ना होखे. मतलब कि वित्तीय संस्थान, बैंक अवुरी सभ ऑनलाइन प्लेटफॉर्म के 31 अगस्त से पहिले जियो, एयरटेल, अवुरी वी में आपन संदेश, ओटीपी के टेम्प्लेट्स, अवुरी वीआई रजिस्टर्ड करे के होई। अगर प्लेटफार्म अइसन ना करीहें तs मैसेज बंद हो जाई.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-