[the_ad_group id="30365"]

QR Code Scams: एक गलत से बैंक खाता खाली , जान लीं स्कैम के खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में कई तरह के घोटाला हो रहल बा जवना में पार्ट टाइम जॉब घोटाला, निवेश घोटाला, यूट्यूब वीडियो जइसन घोटाला आ QR कोड घोटाला शामिल बा। आज हमनी के QR SCAM के बारे में बताइब जा आ एकरा से बचे के तरीका।

भारत घोटालाबाजन के एगो बड़हन हब बन गइल बा । एकर मुख्य कारण ई बा कि भारत बहुत तेजी से डिजिटल दुनिया में प्रवेश कर रहल बा। हर हाथ में स्मार्टफोन बा, हर घर में इंटरनेट बा आ हर स्मार्टफोन यूजर डिजिटल पेमेंट के इस्तेमाल करतारे। अइसने में घोटालाबाज खातीर लोग के घोटाला कइल बहुत आसान हो गइल बा। देश में कई तरह के घोटाला हो रहल बा जवना में पार्ट टाइम जॉब घोटाला, निवेश घोटाला, यूट्यूब वीडियो जईसन घोटाला आ क्यूआर कोड घोटाला शामिल बा। आज हमनी के QR SCAM के बारे में बताइब आ एकरा से बचे के तरीका।

क्यूआर कोड घोटाला का होला?

लोग के क्यूआर कोड घोटाला में फसावे खातिर घोटालाबाज लोग के क्यूआर कोड भेज के लुभावेले। इहाँ तक कि पहिले पईसा भेजे के लालच देवेले। घोटालाबाज लोग से कहेला कि क्यूआर कोड भेजल जाई, एह कोड के स्कैन कर के पार्ट टाइम नौकरी करावल जाई, एह कोड के स्कैन कर के भुगतान लिहल जाई ।खाली क्यूआर कोड स्कैन कS के पईसा कमाईं, जईसे कि ऊ लोग दावा करतारे।

क्यूआर कोड घोटाला कइसे होखेला?

घोटालाबाज के भेजल क्यूआर कोड के स्कैन करत जइसहीं रउरा के एगो फर्जी वेबसाइट पर ले जाइल जाला । एकरा बाद भुगतान खातिर इंटरनेट बैंकिंग के विवरण, लॉगिन के विवरण जईसन निजी जानकारी मांगल जाला। जइसहीं रउरा डिटेल डालत बानी ओटीपी आवत बा आ जइसहीं ओटीपी डालत बानि घोटालाबाजन के रउरा बैंक खाता में प्रवेश मिल जाला आ ओकरा बाद राउर खाता खाली हो जाला । एह तरह के घोटाला से बचे के एकमात्र तरीका बा कि अनजान क्यूआर कोड के स्कैन मत करीं आ जदी रउरा ओकरा के स्कैन करीं तS ओकर सत्यापन करीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]