[the_ad_group id="30365"]

ग्लोबल आउटेज के फेर से शिकार भइल X (Twitter), हजारन गो यूजर्स के सर्विस डाउन होखे के शिकायत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पॉपुलर माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स मतलब ट्विटर एक बेर फेर से ग्लोबल आउटेज के शिकार हो गइल. सबेरे 9 बजे के करीब एक्स के अधिकांश सर्विसेस अचानक डाउन हो गईल, जवना के चलते यूजर के एs ऐप के एक्सेस करे में परेशानी भईल। भारत समेत दुनिया के अधिकांश देश के लोग के एक्स आउटेज के सामना करे के पड़ल। फिलहाल एs आउटेज के लेके कंपनी के ओर से कवनो जानकारी नईखे दिहल गईल।

बहुत इंटरनेट यूजर के शिकायत बा कि एक्स सर्विस सस्पेंड हो गईल बा अवुरी एs ऐप के एक्सेस नईखे कs पावत। दूसर ओर आउटेज के ट्रैक करे वाली वेबसाइट डाउन डिटेक्टर भी एक्स के आउटेज के ट्रैक कईले बिया। सबेरे करीब नौ बजे डाउन डिटेक्टर में 1200 से अधिका लोग के रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा.

पहिलहीं से कई बेर आउटेज के शिकार हो चुकल बा

बता दीं कि ई पहिला बेर नइखे कि माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफार्म वैश्विक स्तर पs आउटेज के शिकार भइल बा. एकरा से पहिले अगस्त महीना में एक्स सेवा कुछ समय खातीर डाउन रहे। वैश्विक स्तर पs बंद होखला के बाद यूजर एs ऐप पs आपन पोस्ट तक ना पहुंच पवले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]