जींद में दर्दनाक हादसा: बाइक के ट्रक मार दिहलस टक्कर, तीन लइकन सहित पांच के मउत, मोटसाइकिल पs सवार रहले छह लोग

Share

 

जींद के सुनसान गाँव से निकलते जींद -पानीपत राष्ट्रीय राजमार्ग पs जिन्द की ओर से मंगलवार के दुपहरिया के दू बजे एगो दर्दनाक सड़क दुर्घटना पूरा परिवार के लेके चल गईल। एह सड़क दुर्घटना में हिसार जिला के बरवाला खंड के गांव खरकड़ा गांव के निवासी पति-पत्नी अवुरी तीन बच्चा समेत पांच लोग के मउत हो गईल। एह हादसा में पूरा परिवार से खाली एगो आठ साल के लइकी शीरत बाचल बा। उनुका भी चोट लागल बा लेकिन फिलहाल उनुका खतरा से बाहर होखे के बात कहल जाता। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया फिलहाल लाश के पोस्टमार्टम नईखे भईल।

मरे वाला लोग के नाम 

एह सड़क दुर्घटना में खरकड़ा निवासी 42 साल के राकेश, उनुकर 40 साल के पत्नी कविता, 12 साल के बेटी किरण, 11 साल के बेटा काला अवुरी पांच साल के बेटा अरमान बाड़े शामिल बा। आठ साल के शीरत के खतरा से बाहर बतावल जात बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-