[the_ad_group id="30365"]

पुलिस ऑफिस गेट पर पुलिस कर्मचारियन के 100 से बेसी गाड़ियन के कइलस चालान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में यातायात व्यवस्था सुचारू रूप से संचालित कइलें खातिर हर तबका के लोग के अहम योगदान होला। सब वाहन चालक अपने अपने जिम्मेदारी के बखूबी निबाह करत ट्रैफिक नियमन के पालन करत अपने अपने वाहन के चलावेने अउरी सुरक्षित यात्रा करेने । वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ गौरव ग्रोवर के एक्के उद्देश्य बा कि दोपहिया वाहन चालक वाहन चलावत समय हेलमेट जरूर लगाईं, जेसे छोट-मोट दुर्घटना घटित होखला पs सुरक्षित रह सके अउर वाहन चालक के परिवार के सदस्यन के कौनो बड़ मुसीबत से बचावल जा सके।

वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ गौरव ग्रोवर के निर्देश पर पुलिस अधीक्षक यातायात डॉ महेंद्र पाल सिंह अपने सहयोगी सीओ ट्रैफिक जय प्रताप सिंह के निर्देशित कइलें कि पुलिस ऑफिस गेट के सामने पुलिस विभाग के कर्मचारी अगर बिना हेलमेट, टूटल नंबर प्लेट, बिना हाई सिक्योरिटी नंबर प्लेट लगा के घुसेने, त अइसे लापरवाह पुलिस कर्मचारियन के वाहन के तत्काल 5000 के चालान कइल जाई।

क्षेत्राधिकारी ट्रैफिक जय प्रताप सिंह के नेतृत्व में ट्रैफिक पुलिस के टीआई अउरी उप निरीक्षक पुलिस ऑफिस पर आए वाले पुलिस कर्मचारियन के वाहन के बिहाने 10 बजे से 3 बजे ले 100 से अधिक वाहन के चालान कइलें अउर आगे भी अइसन लापरवाह वाहन चालकन के चालान कइल जाई। जौन पुलिस के वर्दी पहिन के गैरजिम्मेदाराना तरीका से अपने गाड़ियन के नंबर प्लेट गड़बड़ चाहे एगो नंबर मेटवले रखले होई चाहे नंबर प्लेट के मोड़ के रखले बाने, जेसे पढ़ने में न आ पावे, अइसन टू व्हीलर गाड़ियन के 5000 प्रत्येक के जुर्माना कइल गइल।

जौने पुलिसकर्मियन के वाहनों पर नंबर नाइ रहल, उनकर प्रपत्र मांगल गइल। जे अपने वाहन के कागज नाइ दे पावल, उनकर वाहन सीज कइले के काम कइल गइल। अउरी जांच उपरांत उनके खिलाफ मुकदमा लिखल जाई।
आगे भी पुलिस कर्मचारियन के वाहन के ट्रैफिक पुलिस चेक करत रही जेसे पुलिस विभाग के कर्मचारी ट्रैफिक नियमन के पूर्ण रुप से पालन करत आपन गाड़ी चलइहें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]