Maruti Suzuki Brezza के टक्कर देवे वाली Toyota के ई SUV मिल रहल बा 60 हजार रुपिया सस्ता

Anurag Ranjan

Toyota Festive Offers: त्योहार के सीजन शुरू हो गइल बा। ऑटोमोबाइल बाजार में हलचल शुरू हो गइल बा।विश्वकर्मा पूजा, दुर्गोत्सव आ धनतेरस (दीवाली) के लेके बुकिंग शुरू हो गइल बा। कुछ मॉडलन में तीन माह के वेटिंग बा, तs कुछ के ऑन स्पॉट बुकिंग पs डिलीवरी मिल रहल बा। त्योहार के खास बनावे खातिर लिए लोग प्लानिंग कर रहल बा। केहू नया कार लेवे के मन बना रहल बा, तs केहु  कवनो आपन मनपसंद आशियाना। इलेक्ट्रॉनिक्स आइटम पs फोकस बा। अपना पॉकेट के अनुसार लोग बजटो तइयार करे लागल बा लो। कुछ लोग शोरूम के रुख कर रहल बा। आज बात टोयटा सीरीज के गाड़ियन के।

Toyota Glanza

लोअर सेगमेंट में Toyota Glanza के खूब डिमांड बा। पावर विंडाे, पावर स्टेयरिंग, एसी, हीटर, रिवर्स कैमरा के अलावे एलडी प्रोजेक्टर लैंप बा। गाड़ी में एप्पल कार प्ले बा। स्मार्ट लुक के संगे इंटीरियरो बहुते सुनर बा। 22 किलोमीटर प्रतिलीटर माइलेज बा। ग्लैंजा पs एक महीना के वेटिंग चल रहल बा। एह गाड़ी में कवनो तरे के ऑफर नइखे।

Urban Cruiser

Toyota Urban Cruiser के मिनी एसयूवियो कहल जाला। स्मार्ट लुक के साथे स्मूथ ड्राइविंग बा। पावर विंडो, पावर स्टेयरिंग के संगे एसी, हीटर, रिवर्स कैमरा के अलावहु कइयन गो फीचर बा। खूबसूरत मॉडल के साथे इंटीरियरो बहुते निम्मन बा। एक लीटर में सिटी में 16 आ हाइवे में 18 किलोमीटर के माइलेज मिल जाला। दुर्गोत्सव में 25 गाड़ियन के बुकिंग बा। एह मॉडल पs 60 हजार तक के छूट बा।

दुर्गा पूजा के दौरान लॉन्च होई Hyryder

दुर्गोत्सव में बैटरी कार अरबन क्रूजर हाइ राइडर लॉन्च होई। टोयोटा के ई नया मॉडल हs। दुर्गोत्सव में पहिला मॉडल लॉन्च कइल जा रहल बा। एकरा बाद आउर मॉडल बैटरी सेगमेंट में आवे लागी।

Toyota Fortuner

Toyota Fortuner के खूब डिमांड बा। एहपर तीन महीना के वेटिंग चल रहल बा। एह मॉडल में कवनो तरे के ऑफर नइखे। शॉकर सस्पेंशन बहुते कम्फर्टेबल बा। एक लीटर में दस किलोमीटर के एवरेज बा। एमे कइयन गो फीचर दिहल गइल बा। स्मूथ ड्राइविंग के संगे आरामदेह गाड़ी बा।

Toyota Innova

Toyota Innova के का कहे के बा। वैल्यु फोर मनी के नाम से चर्चित एह वाहन पs एक महीना के वेटिंग चल रहल बा। सात-आठ सीटर वाहन हs। स्मूथ ड्राइविंग के संगे ई वाहन सफर के आरामदेह बनावेला। एक लीटर में 12 किलोमीटर के एवरेज देवेला। एह मॉडल में कवनो तरे के ऑफर नइखे। एलॉय व्हील सहित कइयन तरे के फीचर बा।

Toyota के गाड़ियन के एक्स शोरूम कीमत

Glanza: 7.58 – 9.99 लाख

Urban Cruiser: 9.02 – 11.02 लाख

Innova:17.86 – 23.92 लाख

Fortuner: 34.90 – 49.57 लाख

रउआ के बता दीं कि ऊपर बतावल गइल गाड़ियन के कीमत, डिस्काउंट आ ऑफर्स, मॉडल्स आ शहर के हिसाब से अलग अलग हो सकेला। अइसन में आपन पसंद के कार चुने से पहिले नजदीकी डीलरशिप पs जरूर संपर्क कs लीं।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।